संभल। गाजीपुर बॉर्डर पs कांग्रेस नेता राहुल गांधी के काफिला के पुलिस रोक देलस। ऊ लोग संभल जात रहे। पुलिस प्रशासन संभल जाये के इजाजत देवे से मना कs देलस। जवना के बाद राहुल आ प्रियंका के दिल्ली वापस लवटे के पड़ल। राहुल आ प्रियंका गांधी उत्तर प्रदेश कांग्रेस के पांच आउर सांसदन के संगे बुध के हिंसा प्रभावित संभल के दौरा पs निकलल रहस। प्रियंका गांधी कहली कि राहुल के संभल जाइल उनकर संवैधानिक अधिकार हs। उनका के एह तरे रोकल उचित नइखे।
उत्तर प्रदेश के हिंसा प्रभावित संभल में पीड़ित परिवारन से मुलाकात करे जा रहल लोकसभा में विपक्ष के नेता राहुल गांधी के बुध के रस्ता में दिल्ली-गाजीपुर सीमा पs रोकल जाये के जानकारी पुलिस के एगो वरिष्ठ अधिकारी देलें। राहुल गांधी, प्रियंका गांधी आ कांग्रेस के आउर वरिष्ठ नेता सबेरे गाजीपुर सीमा पs पहुंचल लो, जहां भारी पुलिस बल तैनात कइल गइल रहे। ओह लोगन के संभल में घुसे करने से रोके खातिर बैरीकेड लगावल गइल रहे।
पीड़ितन से मिले खातिर राहुल के लगे संवैधानिक अधिकार- प्रियंका गांधी
गाजीपुर बॉर्डर पs रोकल गइला पs प्रियंका गांधी वाड्रा कहली, “संभल में जवन कुछ भइल बा ऊ गलत बा। राहुल गांधी विपक्ष के नेता हवे, उनका लगे संवैधानिक अधिकार बा आ उनका के एह तरे नइखे रोकल जा सकत। उनका के जाये देवे के चाहत रहे। ऊ इहो कहलें कि यूपी पुलिस के संगे अकेले जइहें, बाकिर ऊ लोग इहो करे देवे खातिर तइयार नइखे लो। सायद उत्तर प्रदेश में हालात अइसने बा क एतनो नइखे संभारल जा सकत? फेर कवना बात पs ऊ अहंकार से कहेला लो कि ऊ लोग कानून आ बेवस्था के ध्यान रखले बा लो।”
संभल में कड़ा सुरक्षा बेवस्था
राहुल गांधी के दौरा के ध्यान में रखत संभल में कड़ा सुरक्षा बेवस्था कइल गइल बा। जिला के सीमा पs निरीक्षण कइल जा रहल बा। संभल के जिलाधिकारी राजेंद्र पेंसिया मंगर के गौतमबुद्ध नगर आ गाजियाबाद के पुलिस आयुक्तन आउर अमरोहा आ बुलंदशहर जिलन के पुलिस अधीक्षकन के एगो पत्र लिखले रहस। जेमे ओह लोगन से आग्रह कइल गइल रहे कि ऊ लोग संभल के संवेदनशीलता के ध्यान में रखत राहुल गांधी के अपना जिलन के सीम पs रोके लो।
10 दिसंबर तक संभल ना आवे लो जनप्रतिनिधि
संभल के पुलिस अधीक्षक कृष्ण कुमार बुध के संवाददाता लोगन से कहलें, “सब जनप्रतिनिधियन से अनुरोध कइल गइल बा कि ऊ 10 दिसंबर तक जिला में ना आवे लो। एकरा खातिर ओह लोगन के संदेशो भेजल गइल। संभल जिला में बीएनएसएस 163 के लागू होखला के बारे में जानकारी दिहल गइल बा। हमरा उम्मेद बा कि ऊ लोग संभल के शांति बेवस्था बना के रखे में हमनी के सहजोग करी लो।”