तेलंगाना में भूकंप के तेज झटका से कांपल धरती, हैदराबादो में महसूस कइल गइल झटका

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 4, 2024

तेलंगाना के मुलुगु जिला में सबेरे 5.3 तीव्रता के भूकंप आईल।  नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के मुताबिक सबेरे 7.27 बजे तेज भूकंप के झटका महसूस भईल।  हैदराबाद में भी कंपकंपी महसूस कइल गइल।  इहो पढ़ीं:

Share

तेलंगाना में भूकंप

तेलंगाना के मुलुगु जिला में सबेरे 5.3 तीव्रता के भूकंप आईल।  नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के मुताबिक सबेरे 7.27 बजे तेज भूकंप के झटका महसूस भईल।  हैदराबाद में भी कंपकंपी महसूस कइल गइल। 


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाथ-गोड़ में दर्द से राहत देई इs योगासन, रोज करीं एकर अभ्यास

तेलंगाना में बुध के सबेरे तेज भूकंप के झटका महसूस भईल।  भूकंप एतना तेज रहे कि महाराष्ट्र आ छत्तीसगढ़ के कुछ इलाकन में भी भूकंप के अहसास भइल।  सबेरे एs झटका के चलते लोग डेरा गईले अवुरी घर से बहरी निकल गइले।  नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के मुताबिक तेलंगाना के मुलुगु जिला में सबेरे 5.3 तीव्रता के भूकंप आईल।  हैदराबाद में भी कंपकंपी महसूस कइल गइल।  भूकंप सबेरे 7:27 बजे आईल बा।  एकर केंद्र जमीन से 40 किलोमीटर गहरा रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.