स्पोर्ट्स डेस्क : IPL 2025 के आपन पहिला मुकाबला में पंजाब किंग्स गुजरात टाइटंस के 11 रन से हराके अपना अभियान के सानदार सुरुआत कइलस। अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में मंगर के खेलल गइल एह मैच में पहिले बल्लेबाजी करत पंजाब 243/5 के विशाल स्कोर खड़ा कइलस। जवाब में गुजरात के टीम 232 रन तक पहुंच सकल आ पंजाब जीत हासिल कइलस।
पंजाब किंग्स के बैर्टस देखावल लो दम
पंजाब के सुरुआत अच्छा रहल, हालांकि टीम पहिला विकेट खातिर 28 रन के साझेदारी कइलस, प्रभसिमरन सिंह आ प्रियांश आर्या एह साझेदारी के कइल लो। एकरा बाद श्रेयस अय्यर आ प्रियांश आर्या मिलके पारी के आगे बढ़ावल लो। पंजाब 20 ओवर में पांच विकेट खोके 243 रन बनवलस। एह दौरान श्रेयस अय्यर आ शशांक सिंह के 81* रन के साझेदारी टीम के बड़ स्कोर तक पहुंचावल लो। अय्यर 42 गेना में 97 रन बनाके नाबाद रहलें, जेमे ऊ 5 चौका आ 9 छक्का लगवलें।
प्रियांश आर्या के सानदार डेब्यू
पंजाब खातिर डेब्यू करे वाला 24 साल के बल्लेबाज प्रियांश आर्या अपना पहिला मैच में सानदार प्रदर्शन कइलें। ऊ 23 गेना में 47 रन बनवलें, जेमे सात चौका आ दुगो छक्का सामिल बा। हालांकि, राशिद खान उनका के साई सुदर्शन के हाथन कैच आउट करा देलें। उनकर ई प्रदर्शन टीम के मजबूत इस्थिति में लेके आइल।
श्रेयस अय्यर के कप्तानी में सानदार प्रदर्शन
श्रेयस अय्यर एह मैच में कप्तानी करत एगो बड़ी पारी खेलले। ऊ 42 गेना में 97 रन बनवलें आ एह पारी के दौरान उनकर स्ट्राइक रेट 230.95 रहे। अय्यर के ई स्कोर बतौर कप्तान आईपीएल डेब्यू मैच में तीसरका सबसे बड़ स्कोर के रूप में दर्ज भइल। एकरा पहिले ई रिकॉर्ड संजू सैमसन के नावे रहे, जे 2021 में राजस्थान रॉयल्स खातिर कप्तान के तौर पs डेब्यू करत 119 रन बनवले रहस।
गुजरात के गिल आ सुदर्शन दिलावल लो अच्छा सुरुआत
244 रन के लक्ष्य के पीछा करत गुजरात टाइटंस के शुभमन गिल आ साई सुदर्शन सानदार सुरुआत दिलावल लो। दुनो के बीच पहिला विकेट खातिर 61 रन के साझेदारी भइल। हालांकि, गुजरात खातिर ई साझेदारी जादे देर तक ना चलल, काहेकि गिल के प्रियांश आर्या कैच करा देलें। गिल 14 गेना में 33 रन बनवलें।
एकरा बाद जोस बटलर आ साई सुदर्शन मिलके पारी के संभरलें। दुनो के बीच 40 गेना में 84 रन के साझेदारी भइल, बाकिर अर्शदीप सिंह सुदर्शन के 74 रन के निजी स्कोर पs पवेलियन भेज देलें। बटलर 54 रन बनवलें, जबकि रदरफोर्ड 46 रन के पारी खेललें।
विशाक आ अर्शदीप के घातक गेंदबाजी
गुजरात के बल्लेबाज के जल्दी-जल्दी आउट कs के बाद विजयकुमार विशाक आ अर्शदीप सिंह डेथ ओवर्स में सानदार गेंदबाजी कइल लो। अर्शदीप 19वां ओवर में जाॅस बटलर आ रदरफोर्ड जइसे बल्लेबाजन के रोकत गुजरात के जीत के उम्मीदन के तुड़ देलें। विशाक भलही कवनो विकेट ना लेले होखस, बाकिर ऊ अंतिम ओवर्स में आपन सानदार गेंदबाजी से गुजरात के दबाव में डाल देलस।
पंजाब के गेंदबाज सानदार प्रदर्शन कइल लो। अर्शदीप सिंह दु विकेट झटकलें, जबकि मार्को यानसेन आ ग्लेन मैक्सवेल एक-एक विकेट लिहल लो। गुजरात खातिर साई किशोर तीन विकेट झटकलें, जबकि कगिसो रबाडा आ राशिद खान के एक-एक विकेट मिलल।
Read Also: 26 मार्च 2025 के राशिफल