[the_ad_group id="30365"]

न्यूजीलैंड दौरा पs ऑस्ट्रेलिया के लागल बड़ झटका, तेज गेंदबाज आखिरी मैच से बाहर

ऑस्ट्रेलिया आ न्यूजीलैंड
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

न्यूजीलैंड में एह घरी 2 गो टीम के मेजबानी हो रहल बा।  पाकिस्तान के मेन्स टीम न्यूजीलैंड के दौरा पs टी20आई सीरीज खेलत बिया जबकि आस्ट्रेलिया के वूमेन्स टीम न्यूजीलैंड के धरती पs टी20आई सीरीज खेले में व्यस्त बिया.  आस्ट्रेलिया के महिला क्रिकेट टीम तीन मैच के टी-20आई सीरीज में 2-0 से अप्रत्याशित बढ़त बना लिहले बिया आ एह सीरीज के तिसरका आ आखिरी मैच वेलिंगटन के स्काई स्टेडियम में खेलल जाई.  एह मैच से आस्ट्रेलिया के बड़हन झटका लागल बा.  आस्ट्रेलिया के तेज गेंदबाज डार्सी ब्राउन आखिरी मैच से बाहर बाड़न.  डार्सी ब्राउन पारिवारिक कारण से घरे लवट आइल बाड़ी आ अब ऊ न्यूजीलैंड के खिलाफ तिसरका आ आखिरी टी-20 मैच ना खेल पइहें.

रिप्लेसमेंट के एलान ना कइल जाई 

डार्सी ब्राउन एह सीरीज के पहिला दू गो मैच में शानदार  गेंदबाजी कइली.  ऑकलैंड में खेलल गइल पहिला टी-20 में ऊ चार ओवर में 22 रन पs एक विकेट ले लिहली जबकि माउंट माउंगानुई में खेलल दुसरका मैच में चार ओवर में 23 रन पs दू गो विकेट लिहली. ब्राउन के शानदार गेंदबाजी के मदद से आस्ट्रेलिया दुनु मैच जीते में कामयाब रहल.  क्रिकेट आस्ट्रेलिया एह बात के पुष्टि कइले बा कि आखिरी मैच खातिर टीम में कवनो प्रतिस्थापन ना होखी.  मेगन स्कट के दुसरका टी-20आई मैच से आराम दिहल गइल आ संभावना बा कि ऊ आखिरी मैच खातिर टीम में लवट अइहें.

चार्ली नॉट के डेब्यू के इंतजार

आस्ट्रेलिया के उपकप्तान एश्ले गार्डनर पहिलहीं से एह सीरीज से बाहर बाड़ी. ऑकलैंड में खेलल गइल पहिला मैच के दौरान कैच लेबे के कोशिश करत घरी उनुका अँगुरी में चोट लागल. ओह मैच में ऊ बल्लेबाजी करे तक ना निकल पवली. एकरा बाद उनुका एह सीरीज के आखिरी दू गो मैच से बाहर होखे के पड़ल. उनुका जगहा माउंट माउंगानुई में होखे वाला दुसरका मैच से पहिले ऑलराउंडर चार्ली नॉट के टीम में शामिल कs लिहल गइल बाकिर अबहीं ले उनुका अंतर्राष्ट्रीय शुरुआत करे के मौका नइखे मिलल.

ऑस्ट्रेलिया के T20 टीम: ताहलिया मैकग्राथ (कप्तान), निकोल फाल्टम, किम गर्थ, ग्रेस हैरिस, अलाना किंग, चार्ली नॉट, फोबे लिचफील्ड, बेथ मूनी, एलिस पेरी, मेगन स्कट, एनाबेल सदरलैंड, जॉर्जिया वोल, जॉर्जिया वेयरहैम।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]