Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IAS Pooja Khedkar: बंदूक लहराके किसानन के धमकावे के ममिला, आईएएस पूजा खेडकर के माई-बाबूजी के खिलाफ एफआईआर

115
Google Ads 300*250 for posts

महाराष्ट्र के पुणे ग्रामीण पुलिस आईएएस अधिकारी पूजा खेडकर के माई-बाबूजी के खिलाफ एफआईआर दर्ज कइले बिया। आईएएस अधिकारी के परिजनन पs किसानन के धमकावे के आरोप बा। पुलिस आईएएस पूजा खेडकर के माई मनोरमा खेडकर आ बाबूजी दिलीप खेडकर सहित पांच आउर के खिलाफ ममिला दर्ज कइले बिया। पुणे ग्रामीण पुलिस आईपीसी के धारा 323, 504 आ 506 के संगही आर्म्स एक्ट के तहत केस दर्ज कइले बिया। उल्लेखनीय बा कि आईएएस पूजा खेडकर बीतल कुछ दिनन से लगातार चरचा में बनल बाड़ी।

का बा ममिला

आईएएस पूजा खेडकर के मां मनोरमा खेडकर के एगो वीडियो सामने आइल रहे, जेमे ऊ बंदूक हाथ में लेकर लोगन के धमकावत नजर आइल रही। सुक के सांझ के पुलिस कहले रहे कि ऊ यह ममिला के जांच कs रहल बिया।  पुलिस अधिकारियन के कहनाम बा कि आईएएस पूजा खेडकर के बाबूजी दिलीप खेडकर पुणे के मुलशी तहसील के गांव धाडवाली में एगो जमीन किनले रहस। स्थानीय लोगन के दावा बा कि खेडकर अपना जमीन के संगही आउर किसानन के जमीन पs कब्जा कs लेले बाड़ें। एही विवाद में हाले में मनोरमा खेडकर के जवन वीडियो वायरल हो रहल बा, ओमे उनका संगे उनकर सुरक्षाकर्मी दिखाई दे रहल बा लो। वीडियो में ऊ किसानन से तीख बहस करत लउक रहल बाड़ी। एह दौरान ऊ एगो व्यक्ति पs चिल्लइली आ ऊ आपन पिस्तौल निकालके हवा में लहरवली।

पुलिस बतवलस कि सोशल मीडिया पs चल रहल वीडियो पs स्वतः संज्ञान लेके कार्रवाई कइल गइल बा। हमनी के एह बात के जांच कs रहल बानी सs कि का मनोरमा खेडकर के लगे बंदूक के लाइसेंस बा कि ना। एगो किसान कुलदीप पासलकर के आरोप बा कि मनोरमा खेडकर जबरन उनका जमीन पs कब्जा करे के कोसिस कइली, ऊ आउर किसानन के धमकावे के प्रयास कइली। किसान बतवलें कि मनोरमा खेडकर कइयन सुरक्षाकर्मियन के संगे उनका प्लॉट पs पहुंचली आ हाथ में हथियार लेके हमनी के धमकावल सुरू कs देली।

के हs आईएएस पूजा खेडकर

पूजा खेडकर 2023 बैच के आईएएस अधिकारी हई। पूजा खेडकर पs आरोप बा कि ऊ खुद के ओबीसी नॉन क्रीमी लेयर वर्ग से बताके यूपीएससी में चयन हासिल कइली। संगही उनका पs आरोप बा कि ऊ मानसिक रूप से दिव्यांग होखे के दावा कइली, बाकिर कइयन बेर बोलवला के बावजूद मेडिकल जांच में सामिल नइखे। बीतल दिनन वीआईपी ट्रीटमेंट के मांग के लेके ऊ विवादनमें घिरल रहली। जवना के बाद उनकर पुणे से वाशिम तबादला कs दिहल गइल।

893320cookie-checkIAS Pooja Khedkar: बंदूक लहराके किसानन के धमकावे के ममिला, आईएएस पूजा खेडकर के माई-बाबूजी के खिलाफ एफआईआर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.