पूर्व मंत्री बी नागेंद्र के ईडी कईलस गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 13, 2024

  महर्षि वाल्मीकी अनुसूचित जनजाति विकास निगम में धन के दुरुपयोग के मामिला में ईडी कांग्रेस के मंत्री रहल आ विधायक बी नागेन्द्र के गिरफ्तार कs लिहले बा. ईडी सूत्र के मुताबिक शुक के देर

Share

 

महर्षि वाल्मीकी अनुसूचित जनजाति विकास निगम में धन के दुरुपयोग के मामिला में ईडी कांग्रेस के मंत्री रहल आ विधायक बी नागेन्द्र के गिरफ्तार कs लिहले बा. ईडी सूत्र के मुताबिक शुक के देर रात कई घंटा के पूछताछ के बाद उनुका के गिरफ्तार कs लिहल गईल। बी नागेन्द्र पs आरोप बा कि एs विभाग के मंत्री रहते उs अपना फायदा खातीर धन के गबन कईले। नागेन्द्र कर्नाटक के बल्लारी ग्रामीण क्षेत्र से कांग्रेस विधायक हउवें. कर्नाटक महर्षि वाल्मीकी अनुसूचित जनजाति विकास निगम में भईल कथित घोटाला के जांच के सिलसिला में इs गिरफ्तारी भईल बा, जवना में 88 करोड़ रुपिया के धन के कथित तौर पs गबन भईल बा।

ईडी बी नागेन्द्र के गिरफ्तार कs लिहलस

बता दीं कि 10-12 जुलाई के उनुका से जुड़ल कई जगहा पs छापामारी के बाद नागेंद्र के 12 जुलाई के सबेरे बेंगलुरु के शांतिनगर में ईडी कार्यालय में पूछताछ खातीर ले आवल गईल। इs कथित घोटाला तब सोझा आईल जब निगम के कर्मचारी एन. चंद्रशेखरन 26 मई के धन के गबन के जानकारी देके आत्महत्या कs लेले रहले। एकरा खातिर उs सुसाइड नोट में मंत्री के जिम्मेदार ठहरवले। नागेन्द्र कर्नाटक सरकार में अनुसूचित जनजाति कल्याण मंत्री के रूप में निगम के देखरेख कईले। एह घोटाला के सोझा अईला के बाद उs 6 जून के इस्तीफा दे देले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.