पुंछ के मेंढर सेक्टर में सेना के मिलल बड़ कामयाबी, बॉर्डर पार कs रहल पाकिस्तानी घुसपैठिया के दबोचलस 

Share

पुंछ जिला के मेंढर सेक्टर में सेना के जवान 35 बरिस पाकिस्तानी घुसपैठिया के गिरफ्तार कइले बा। मिलल जानकारी के मोताबिक अतवार सबेरे पाकिस्तानी घुसपैठिया सीमा पार से भारत में घुसे के कोसिस कs रहल बा। एही दौरान जवान ओकरा के पकड़ लेलस लो। सेना के अधिकारी लो बतावल कि घुसपैठिया के गिरफ्तार कs के ओकरा से पूछताछ जारी बा ताकि भारत में प्रवेश कइला के मकसद के पता लगावल जा सकी।

PoK के रहे वाला बा घुसपैठिया

सुरक्षा अधिकारी बतावल लो कि पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर के तारिनोटे गांव के निवासी हस्साम शहजाद के मेंढर उपमंडल के कृष्णा घाटी सेक्टर में सैनिक लोग ओह समय रोक लेलस आ हिरासत में ले लेलस, जब ऊ अतवार के सबरे भारत में घुसे के कोसिस कs रहल बा।

शहजाद के लगे से मिलल ई सामान

पाकिस्तानी घुसपैठिया शहजाद के भारतीय क्षेत्र के 100 मीटर अंदर ब्रावो चेक क्षेत्र के पकड़ल गइल। ऊ एगो नदी के पास बिल में छिपल मिलल बा। शहजाद के लगे से 1800 पाकिस्तानी रुपिया, एगो पहचान पत्र आ दुगो मोबाइल सिम कार्ड बरामद कइल गइल। ऊ प्रारंभिक पूछताछ के दौरान कहलें कि ऊ अनजाना में नियंत्रण रेखा पार कs गइल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-