ईरान के कोयला खदान में जबरदस्त धमाका, 30 लोग के मौत आ 17 घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2024

ईरानी सरकारी टेलीविजन बतवलस कि पूर्वी ईरान के एगो खदान में भइल विस्फोट में नाहियो तऽ 30 लोग के मौत हो गइल आ 17 लोग घायल हो गइले। उऽ कहले कि बहुत मजदूर के फंसला

Share

ईरानी सरकारी टेलीविजन बतवलस कि पूर्वी ईरान के एगो खदान में भइल विस्फोट में नाहियो तऽ 30 लोग के मौत हो गइल आ 17 लोग घायल हो गइले। उऽ कहले कि बहुत मजदूर के फंसला के आशंका बा। राष्ट्रपति मसूद पेजेशकियन पीड़ित परिवार के प्रति संवेदना जतवले।

ईरान के दक्षिण खोरासन प्रांत में कोयला खदान में भइल भारी गैस विस्फोट में नाहियो तऽ 30 लोग के मौत हो गइल बा आ 17 लोग धायल हो गइले। ईरान के सरकारी टेलीविजन एतवार के दिने खबर दिहलस कि अबहीं ले 24 लोग लापता बा।

सरकारी टीवी के अनुसार मदनजू कंपनी के ओर से संचालित खदान के दु ब्लॉक में मीथेन गैस के विस्फोट के चलते दुर्घटना भइल बा, जवना में विस्फोट के समय दुनो प्रखंड में 69 मजदूर मौजूद रहले। सरकारी मीडिया में बतावल गइल बा कि शनिचर के दिने स्थानीय समय के अनुसार रात नौ बजे विस्फोट भइल बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.