गोरखपुर। शाहपुर थाना क्षेत्र के श्रीराम चौराहा इस्थित शताब्दीपुरम कॉलोनी में सोमार के देर रात अज्ञात बदमाश प्रॉपर्टी डीलर सोमनाथ शुक्ल उर्फ अंकु शुक्ल के घर के बाहर खड़ा कार पs गोली चला देलस। बाइक सवार दुगो जुवक घटना के अंजाम देलस आ फरार हो गइल। फायरिंग के आवाज सुनके इलाका में दहशत फइल गइल। घटना के सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंचल आ जांच सुरू कs देलस।
एह वारदात से पहिले 18 फरवरी के सोमनाथ शुक्ल के मोबाइल पs एगो अनजान नंबर से कॉल आइल रहे। कॉल करे वाला खुद के माफिया विनोद उपाध्याय के भाई संजय उपाध्याय के रूप में बतवलस आ धमकी देलस कि होटल बनावत बाड़s, हमरो रुपिया चाहीं। जदि बात ना मनलs तs अंजाम बुरा होई। हालांकि, सोमनाथ शुक्ल एह धमकी के हल्का में लेलें आ एकरा के मजाक समझके नजरअंदाज कs देलें।
सोमार के रात उनका घर के बाहर फायरिंग होखला के बाद ममिला गंभीर हो गइल। पुलिस के सुरुआती जांच में खुलासा भइल बा कि सोमनाथ शुक्ल के धमकी देवे वाला वास्तव में संजय उपाध्याय ना रहे। कवनो अज्ञात व्यक्ति माफिया के नाम इस्तेमाल कs रंगदारी मांगे के कोसिस कइले रहस।
एसटीएफ मुठभेड़ में विनोद के मार गिरवले रहे
गोरखनाथ के धर्मशाला बाजार में रहे वाला विनोद उपाध्याय के नाम प्रदेश के 61 आ जिला के टाप-10 अपराधियन के सूची में सामिल रहे। एक साल पहिले एसटीएफ मुठभेड़ में ओकरा के मार के गिरवले रहे। ओकर भाई संजय उपाध्याय के पुलिस जेल भेज देले रहे, बाकिर ऊ दु महीना पहिलही जमानत पs बाहर आइल बा। पुलिस अब ई जांच कर रहल बिया कि फायरिंग करे वाला अपराधी रंगदारी मांगे वाला में से ही रहले सs भा फेर कवनो आउर गैंग से जुड़ल रहे। एकरा अलावे, काल डिटेल के आधार पs इहो पता लगावल जा रहल बा कि धमकी देवे वाला व्यक्ति कौन रहे आ ओकर असली मकसद का रहे।
जल्द घटना के खुलासा के दावा
एसपी सिटी अभिनव त्यागी बतवलें कि सर्विलांस आ क्राइम ब्रांच के मदद से आरोपियन के तलाश कs रहल बा। सीसी कैमरा में फुटेज में बाइक सवार दुगो जुवक दिखलें। जवना के बारे में जानकारी जुटावल जा रहल बा। प्रॉपर्टी डीलर के सुरक्षा मुहैया करावल गइल बा आ इलाका में गश्त बढ़ा दिहल गइल बा। जल्दिये एह ममिला के पर्दाफाश कइल जाइ।