[the_ad_group id="30365"]

IIT पटना में हैदराबाद के छात्र कइलस सुसाइड, हाथ के नस कटला के बाद बिल्डिंग के छत से नीचे कूदल

IIT पटना में हैदराबाद के छात्र कइलस सुसाइड, हाथ के नस कटला के बाद बिल्डिंग के छत से नीचे कूदल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहटा (पटना)। Patna News: बिहार के राजधानी पटना के बिहटा के अमहरा इस्थित आईआईटी पटना के कैंपस में आंध्र प्रदेश के एगो छात्र बिल्डिंग के छत से कूदके आत्महत्या कs लिहल बा। घटना के बाद से आईआईटी कैंपस में कोहराम मच गइल।

लोग आनन-फानन में जख्मी छात्र के उठाके बिहटा के एनएसएमसीएच अस्पताल में भरती करवावल गइल। जहां इलाज के दौरान छात्र के मौत हो गइल।

आंध्र प्रदेश के रहे वाला रहे मृतक छात्र

जानकारी के अनुसार, जख्मी छात्र के पहचान आईआईटी के बीएस मैथेमेटिक्स आ कंप्यूटर साइंस थर्ड ईयर के छात्र राहुल लावेरी के रूप में भइल बा।

छात्र राहुल आंध्रप्रदेश के हैदराबाद के निवासी बतावल जा रहल बा। घटना के बाद कॉलेज में कोहराम मच गइल बा। घटना के जानकारी मिलला के बाद स्थानीय पुलिस के टीम आ आईआईटी निदेशक प्रो. टीएन सिंह सहित समस्त फैकल्टी मवका पs पहुंचल।

तनाव में रहे छात्र

मिलल जानकारी के अनुसार, मंगर के आईआईटी पटना कैंपस में एगो बिल्डिंग के छत से कूदे वाला छात्र राहुल लावरी पिछला कुछ दिनन से तनाव में रहे। ऊ इहां कंप्यूटर एंड मैथमेटिक्स डिपार्मेंट में थर्ड ईयर में पढ़ाई करत रहे।

बतावल जा रहल बा कि बिल्डिंग के छत से कूदला से पहिले राहुल अपना हाथ के नस काट लेले रहे। एकरा बाद ऊ छत पs गइल आ नीचे कूद गइल। छात्र के नीचे कूदतही मवका पs अफरातफरी जैसा माहौल बन गइल।

छात्र अस्पताल में तुड़ देलस दम

एकरा बाद स्थानीय लोग ओकरा के तुरंत इलाज खातिर के एगो निजी अस्पताल ले गइल आ भरती करावल गइल। छात्र इलाज के दौरान दम तुड़ देलस। एने, एह घटना के लेके आईआईटी प्रशासन अभी कुछुओ स्पष्ट बोले से इनकार कइले बा।
ओहिजा, आईआईटी थाना प्रभारी विवेक कुमार बतवलें कि कैंपस से सूचना मिलल बा कि एगो छात्र आत्महत्या कs लेले बा। कुमार छात्र के मौत होखला के पुष्टि करत इहो बतवलस कि पुलिस ममिला के जांच कs रहल बिया।

Read Also:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]