[the_ad_group id="30365"]

Hardoi: तीसरी के छात्र के ‘मुर्गा’ बनाके पीठ पs बइठ गइल टीचर, क्लास में दरद से कराहत रह गइल मासूम, पैर फ्रैक्चर

हरदोई न्यूज़
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के हरदोई जिला के एगो निजी स्कूल के एगो शिक्षक पs कक्षा तीन में पढ़त बच्चा के बेरहमी से पिटाई करे के आरोप लागल बा। बतावल जाता कि कक्षा में पढ़ावे के दौरान शिक्षक 10 साल के छात्र से एगो सवाल पूछले रहे। पूछल गईल सवाल के जवाब ना देवे पs मास्टर साहेब छात्र के बेरहमी से पीट के क्लास में ‘मुर्गा’ बना देले। 

एतने ना, मासूम बच्चा के ‘मुर्गा’ में बदलला के बाद मास्टर साहब भी ओकरा पs सवार हो गईले, जवना के चलते बच्चा असंतुलित होके गिर गईल अवुरी गोड़ में फ्रैक्चर हो गईल। ओके सुनाई दिहल भी बंद हो गईल बा। जब बच्चा के महतारी के ओर से शिक्षक के एs हरकत के शिकायत भईल तs उs बच्चा के इलाज खातीर 200 रुपया देवे लागल। फिलहाल महतारी के शिकायत पs पुलिस मामला दर्ज कs आरोपी शिक्षक के गिरफ्तार कs लेलस। उनुका खिलाफ धारा 151 के तहत कार्रवाई कईल गईल बा। 

असल में पूरा मामला हरदोई के बिलग्राम कोतवाली इलाका के बिरौरी गांव के बा। झाला पूर्वा गांव निवासी अक्षय कुमार के 10 साल के बेटा राहुल शनिचर के कल्याणी देवी बाल कल्याण केंद्र में स्कूल गईल। राहुल स्कूल में कक्षा 3 के छात्र हवे। आरोप बा कि स्कूल के शिक्षक हर्षित तिवारी उनुका से कक्षा में ही एगो सवाल पूछले, जवना के जवाब राहुल ना दे पवले। एकरा से नाराज शिक्षक पहिले छात्र के गारी दिहलस अवुरी ओकरा बाद ओकरा संगे अइसन कईले। 

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]