गोरखपुर: दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (DDU) के तरफ से सुक के जारी सूचना के मोताबिक प्रो० दीपक प्रकाश त्यागी के कार्य अधीक्षक के जिम्मेवारी दिहल गइल बा।
कुलसचिव के कार्यालय द्वारा जारी भइल सूचना के मोताबिक कुलपति के आदेस के अनुपालन में हिंदी विभाग के अध्यक्ष प्रो० दीपक प्रकाश त्यागी के कार्य अधीक्षक (S.O.W) के कार्य खातिर अधिकृत कइल गइल बा। बता दीं कि प्रो० त्यागी के ई जिम्मेदारी उनका मूल दायित्वन के निर्वहन के संगे-संगे निभावे के होई।
एह सूचना के मिलतही डीडीयू के हिंदी विभाग के आचार्य लोगन द्वारा प्रो० दीपक प्रकाश त्यागी के एह पद के जिम्मेवारी मिलला पs बधाई आ सुभकामना दिहल गइल।
Post Views: 12