[the_ad_group id="30365"]

शिक्षक संघ ब्लॉक इकाई भटनी के अध्यक्ष अनिल कुमार सिंह आ मंत्री नन्द प्रकाश सिंह बनलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह: देवरिया क्षेत्र के ब्लाक इकाई भटनी में जूनियर हाई स्कूल शिक्षक संघ के द्वारा त्रैमासिक अधिवेशन राजारामजी किधर साल रियासी सभागार भटनी में आयोजित कइल गइल। अधिवेशन संगठन द्वारा नामित अमरनाथ प्रसाद आ लाल साहब द्वारा अधिवेशन में संगठन के नियमावली के बारे में बतावल गइल आ ओकरा बाद पुरान ब्लाक इकाई के शून्य घोषित कs के नया कार्यकारिणी गठन कइल गइल। जेमे अनिल कुमार सिंह के अध्यक्ष, नंदप्रकाश सिंह को मंत्री, राजेश कुमार सिंह के कोषाध्यक्ष, अभय चन्द्र यादव के उपाध्यक्ष, संयुक्त मंत्री शरद कुमार मिश्रा के आ संरक्षक के पद पs राजाराम के चुनल गइल। सभे प्रत्याशियन के निर्विरोध चुनल गइल।

जिला अध्यक्ष विनोद कुमार सिंह आ जिला महामंत्री नंदलाल नव निर्वाचित पदाधिकारियन के बधाई देत कहलें कि हमनी के संगठन शिक्षकन के हर समस्या के समाधन करेला। मंत्री चुनल गइला पs नन्द प्रकाश सिंह सब सदस्य लोगन के आभार व्यक्त कइलें आ अपना साथे चुनल गइल सब साथियन के बधाई देत एक संगे मिलके संगठन के हित में काम करे के संकल्प लेलें।

एह कार्यक्रम में मदन मोहन तिवारी, हेमवंत भारती, धीरज यादव, रामविलास गौतम, उमेश चन्द्र राय, रामदरश यादव आदि लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]