Gorakhpur News: पेशी पs आइल बंदी लॉकअप में चाकू से रेतलस आपन गला, भाई के हत्या के आरोप में चल रहल बा मुकदमा
कोतवाली थानाक्षेत्र के हठी माता मंदिर हरिजन बस्ती के विधाता कुमार आ उनकर बड़ भाई हेमंत उर्फ घुटुर पs हत्या गैर इरादतन हत्या बलवा आ गैंगस्टर एक्ट के मुकदमा स्थानीय थाना में दर्ज ब। 30 माह से दुनो भाई जिला कारागार में निरुद्ध बा।
गोरखपुर: भाई के हत्यारोपित बंदी सुक के दुपहरिया कचहरी के लॉकअप में एल्युमिनियम के चाकू से आपन गर रेत लेलस। बंदियन के शोर मचवला पs पहुंचल कैंट थाना पुलिस जिला अस्पताल ले गइल जहां से बीआरडी मेडिकल कालेज रेफर कs दिहल गइल। बंदी के लगे चाकू कहां से आइल पुलिस एकर जांच कर रहल बिया।
कोतवाली थानाक्षेत्र के हठी माता मंदिर हरिजन बस्ती के विधाता कुमार आ ओकर बड़ भाई हेमंत उर्फ घुटुर पs हत्या, गैर इरादतन हत्या, बलवा आ गैंगस्टर एक्ट के मुकदमा स्थानीय थाना में दर्ज बा। 30 महीना से दुनो भाई जिला कारागार में निरुद्ध बा लो। सुक के दुपहरिया दुनो जेल से पेशी पs आइल रहे लो। गणना के बाद दुनो भाइयन के कचहरी लाकअप में रखल गइल रहे।
पुलिसकर्मी न्यायालय में ले जाये के तइयारी करत रहे लो। एही बीच लाकअप में मवजूद आउर बंदी लोग शोर मचावल सुरू कs दिहल लो। पुलिसकर्मी पहुंचल लोग तs लहूलुहान इस्थिति में विधाता अचेत पड़ल रहे। पूछला पs बंदी लोग बतावल कि ऊ चाकू से अपना गला रेतले बा।
एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई बतवलें कि जेल से आवे के बाद बंदी सीधे लाकअप में गइल। रास्ता में ओकर केहू से मुलाकात ना भइल। आशंका बा जेले से ऊ चाकू लेके आइल रहे। घटना से जुड़ल सब पहलुअन के जांच कइल जा रहल बा।
2020 में कइले रहे बड़ भाई के हत्या
विधाता आ हेमंत पs आरोप बा कि 26 अक्टूबर, 2020 के दुनों संपत्ति के विवाद में आपन बड़ भाई प्रेमशंकर के चाकू मारके हत्या कs देले रहले सs। प्रेमशंकर के पत्नी मृदुला हत्या के मुकदमा दर्ज करवले रहली। 20 नवंबर, 2020 के कोतवाली थाना पुलिस दुनो आरोपितन के जेल भेजले रहस। एकरा पहिले विधाता पs पांच नवंबर, 2013 के पड़ोसी गुड्डू पs चाकू से हमला करे के आरोप बा, बाद में गुड्डू के मृत्यु हो गइल रहे।
आरोप बा कि छव अक्टूबर, 2018 के विधाता आ ओकर साथी पड़ोसी रुखसाना खातून के बेटा के पीट देले रहले सs। तत्कालीन थानेदार जयदीप वर्मा विधाता आ ओकर भाई हेमंत कुमार उर्फ घुटुर पs गैंगस्टर एक्ट के तहत मुकदमा दर्ज करावल गइल रहे।
लाकअप में नइखे सीसीटीवी कैमरा
घटना के बाद पुलिस छानबीन सुरू कs देले बिया। विधाता के संगे पेशी पs आइल बंदियन से बातचीत करे पs ऊ लोग बतावल कि अंदर दाखिल होखतही ऊ कोना में जाके बइठ गइल। कुछ देर बाद अपना जेब से एल्युमिनियम के चाकू निकाल गला रेत लेलस। कैंट पुलिस के छानबीन में पता चलल बा कि लाकअप में सीसी कैमरा नइखे।
अलग-अलग बैरक में रहेला दुनो भाई
वरिष्ठ जेल अधीक्षक ओपी कटियार बतवलें कि जिला कारागार के बैरक नंबर तीन में विधाता आ बैरक नंबर पांच में हेमंत उर्फ घुटुर के रखल गइल बा। सुक के अपर सत्र न्यायाधीश के कोर्ट में दुनो भाइयन के पेशी रहे। जेल से जात घरी ओह लोगन के तलाशी भइल रहे। विधाता के लगे चाकू कइसे मिलल, कर जांच करावल जा रहल बा।
साभार: दैनिक जागरण
Comments are closed.