[the_ad_group id="30365"]

Governers Appointment: शिवप्रताप शुक्ला बनलें हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल, बिहार के राज्यपाल होइहें राजेंद्र विश्वनाथ अर्लेकर, कुल 13 राज्यन में भइल बदलाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

List of Governors: छत्तीसगढ़, महाराष्ट्र, झारखंड, हिमाचल समेत 13 राज्यन के राज्यपाल आ उप-राज्यपाल बदलल गइल बा लो। महाराष्ट्र में विवादन से घिरल भगत सिंह कोश्यारी के इस्तीफा स्वीकार कs लिहल गइल बा। रमेश बैंस महाराष्ट्र के नया राज्यपाल होइहें। राजस्थान के भाजपा नेता गुलाबचंद कटारिया के असम के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल बा। विश्व भूषण हरिचंदन छत्तीसगढ के नया राज्यपाल नियुक्त कइल गइल बाड़ें।

बिहार के नया राजयपाल होइहें राजेंद्र विश्वनाथ आर्लेरकर।

 

हिमाचल के नया गवर्नर शिव प्रताप शुक्ला

हिमाचल प्रदेश के गवर्नर बदल गइल बाड़े। अब शिव प्रताप शुक्ला नया राज्यपाल होइहें। ओहिजा राजेंद्र विश्वनाथ आर्लेकर के बिहार के राज्यपाल बनावल गइल बा। राष्ट्रपति द्रोपती मुर्मू शिव प्रताप शुक्ला के हिमाचल के राज्यपाल नियुक्त कइली। देशभर में 13 राज्यपाल बदलल गइल बा लो।

शिव प्रताप शुक्ला (फाइल फोटो)

बता दीं कि शिव प्रताप शुक्ला मवजूदा समय में राज्यसभा सांसद बाड़े। मूल रूप से ऊ उत्तर प्रदेश (UP) के रहे वाला बाड़ें। ऊ ABVP से जुड़ला के बाद छात्र राजनीति सुरू कइलें। साल 1989 में उत्तर प्रदेश में विधानसभा चुनाव लड़लें।

ऊ 4 बेर 1989, 1991, 1993 आ 1996 में विधानसभा सदस्य चुनल गइलें। एह दौरान ऊ उत्तर प्रदेश में मंत्रिय रहलें। शिव प्रताप शुक्ला 1989 में चुनाव लड़लें आ कांग्रेस के सुनील शास्त्री के हराके उत्तर प्रदेश विधान सभा के सदस्य चुनल गइलें।

List of Governors: जानीं कहां-कहां भइल बदलाव

  • लेफ्टिनेंट जनरल कैवल्य त्रिविक्रम परनाइक के अरुणाचल प्रदेश के राज्यपाल नियु्क्त कइल गइल बा।
  • लक्ष्मण प्रसाद आचार्य के सिक्किम का राज्यपाल, तs सीपी राधाकृष्णन के झारखंड के राज्यपाल बनावल गइल बा।
  • शिव प्रताप शुक्ला के हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल बा।
  • राष्ट्रपति मुर्मू लद्दाख के उपराज्यपाल के रूप में राधा कृष्णन माथुर के इस्तीफा स्वीकार कs लेले बाड़ी। डॉ. बीडी मिश्रा (सेवानिवृत्त) के लद्दाख के उपराज्यपाल नियुक्त कइल गइल बा।
  • न्यायमूर्ति (सेवानिवृत्त) एस अब्दुल नज़ीर के आंध्र प्रदेश के राज्यपाल के रूप में नियुक्त कइल गइल बा।
  • आंध्र प्रदेश के राज्यपाल बिस्वा भूषण हरिचंदन के छत्तीसगढ़ के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल।
  • छत्तीसगढ़ के राज्यपाल अनुसुइया उइके के मणिपुर के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल।
  • मणिपुर के राज्यपाल ला गणेशन के नगालैंड के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल बा।
  • बिहार के राज्यपाल फागू चौहान के मेघालय के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल बा।
  • हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल राजेंद्र विश्वनाथ अर्लेकर के बिहार के राज्यपाल के रूप में नया जिम्मेदारी मिलल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]