कुशीनगर के बरवापट्टी थाना क्षेत्र के एगो शिव मंदिर के पुजारी फलहरीदास के चाकू मार के हत्या कs दिहल गईल। गांव के लोग के जब जानकारी मिलल तs पुलिस के खिलाफ हंगामा मचावे लगले। मौका पs आईल पुलिसकर्मी पs गांव के लोग नाराज हो गईले। पुलिस आ प्रशासन के खिलाफ नारा लगावे लगले। बढ़त हंगामा देख के कई थाना से पुलिस के मौका पs बोलावल गईल।
पुलिस के एगो भारी बल के मौजूदगी में शव के हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल। मंदिर के भीतर फर्श पs खून के छींटा लागल बा। पुलिस के मुताबिक बदमाश तेज हथियार से हत्या कs देले बाड़े। साधू लोग लगभग 30 साल ले मंदिर में रहले।