महाराष्ट्र के नासिक में बड़हन हादसा, टेंपो आ ट्रक के भिड़ंत; 8 लोगन के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 13, 2025

नासिक : महाराष्ट्र के नासिक में अतवार के एगो बड़ दुर्घटना हो गईल। नासिक जिला के द्वारका सर्किल में टेम्पो आ ट्रक के टक्कर में आठ लोग के मउत हो गइल. एs दुर्घटना में अवुरी

Share

सड़क हादसा

नासिक : महाराष्ट्र के नासिक में अतवार के एगो बड़ दुर्घटना हो गईल। नासिक जिला के द्वारका सर्किल में टेम्पो आ ट्रक के टक्कर में आठ लोग के मउत हो गइल. एs दुर्घटना में अवुरी बहुत लोग घाही हो गईले। पुलिस के मुताबिक इs हादसा अय्यप्पा मंदिर के नजदीक शाम 7.30 बजे भईल।

धार्मिक कार्यक्रम से लवटत समय दुर्घटना

पुलिस अधिकारी कहले कि, टेम्पो में 16 यात्री रहले, जवन कि इहाँ सिडको इलाका में जात रहले. उs निफाद में एगो धार्मिक कार्यक्रम से लवटत रहले। टेम्पो चालक गाड़ी से नियंत्रण खो दिहलस अवुरी पीछे से लोहा के छड़ी से भरल ट्रक के टक्कर मार देलस। दुर्घटना में कुछ लोग के मौका पs मउत हो गईल। कुछ घायल लोग के हालत गंभीर बा।

मरेवाला के संख्या में बढ़ोतरी के डर 

एही बीच भीड़भाड़ वाला इलाका में रहेवाला राहगीर के संगे अवुरी फायर ब्रिगेड के जवान तुरंत बचाव अभियान शुरू कs देले। अधिकारी बतवले कि घाही के इलाज जिला अस्पताल, अवूरी कुछ निजी अस्पताल में भईल। पुलिस आ स्वास्थ्य अधिकारी बतवले कि कुछ यात्री गंभीर रूप से घायल होखला के चलते मरेवाला के संख्या बढ़े के संभावना बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: जाड़ा में अकड़ जाता गोड़ , तऽ करीं ई yoga…

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.