फेड के ब्याज दर बढ़वले के बाद बाजार पs दबाव, सेंसेक्स-निफ्टी गिरावट के संगे खुलल
इंडसइंड बैंक-एसबीआई के शेयर में तेजी, टेक महिंद्रा-इंफोसिस में कमजोरी
बैंक निफ्टी 44 हजार के ऊपर कारोबार कs रहल बा। वायदा कारोबार के वीकली एक्सपायरी के दिन आईआरसीटीसी के शेयर में पांच प्रतिशत के कमजोरी दिख रहल बा। बियफे के कारोबारी सेशन में इंडसइंड बैंक, एसबीआई, सन फार्मा अउर NTPC जइसन शेयर में तेजी बा। टेक महिंद्रा, इंफोसिस, HCL टेक्नोलॉजी के शेयर में कमजोरी दिख रहल बा।
बाजार में कौने सेक्टर के का बा हाल?
अमेरिकी फेड ब्याज दर में 50 बेसिस प्वाइंट बढ़वलस
ओंने, फेडरल रिजर्व महंगाई को कम कइले के कोशिश में ब्याज दर के अउर 50 बेसिस प्वाइंट्स बढ़ा दिहले बा। अमेरिका में इंटरेस्ट रेट अब 15 साल के उच्चतम स्तर पर पहुंच गइल बा। फेड प्रमुख जेरोम पॉवेल कहनें कि 2023 में भी महंगाई के खिलाफ जंग जारी रही अउर इंटरेस्ट रेट के 5.1 फीसदी ले बढ़ावल जाई।
Comments are closed.