गोरखपुर : राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू 30 जून के अपना प्रस्तावित दौरा पs गोरखपुर आ रहल बाड़ी। एह अवसर पs एम्स के पहिला दीक्षांत समारोह आ उत्तर प्रदेश के पहिला आयुष विश्वविद्यालय के लोकार्पण के लेके जोरदार तइयारी चल रहल बा0।
एम्स के प्रशासनिक भवन आ आउर हिस्सन में अब “AIIMS” के नाम लाल रंग से लिखल जा रहल बा, जवन पहिले सुनहरा रंग में रहे। ई बदलाव खासतौर पs राष्ट्रपति के स्वागत आ समारोह के गरिमा के ध्यान में रखत कइल गइल बा।
जर्मन हैंगर से निखरी समारोह के छटा
बरसात के देखत आयोजन स्थल पs जर्मन हैंगर पंडाल लगावल जाई। ई पंडाल वाटरप्रूफ आ फायरप्रूफ होखला के संगे मौसम के अनुसार अनुकूल होला, जवना से अतिथियन के बेहतर सुविधा मिल सकी।
आयुष विश्वविद्यालय के उद्घाटन
गोरखपुर में इस्थित उत्तर प्रदेश के पहिला आयुष विश्वविद्यालय के उद्घाटन राष्ट्रपति मुर्मू 1 जुलाई के करिहें। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ हाले में निर्माण स्थल के निरीक्षण कs के सब कामन के 22 जून तक पूरा करावे के निरदेस देले रहे, हालांकि बरखा के कारण कुछ काम अभी अधूरा बा।
निर्माण काम आ सजावट जोरन पs
- दुगो अस्थायी हेलिपैड बनावल जा रहल बा
- एडमिन ब्लॉक आ लेक्चर हॉल में पेंटिंग आ टाइल्स के काम
- चिकित्सा कक्षन में बेड आ आस सुविधा
- गेट नंबर दुगो पs सजावटी गमला आ स्टेप लगावल गइल बा
परिसर में औषधीय पवधा के हरियाली
परिसर में अब तक लगभग 2000 औषधीय पवधा लगावल जा चुकल बा, जेमे गिलोय, आंवला, अश्वगंधा आदि सामिल बा। कुलपति प्रो. रामचंद्र रेड्डी के अनुसार आउर पवधा लगावल जाये के बा।
सड़क निर्माण और सौंदर्यीकरण
भटहट से बांसस्थान तक लगभग 12 किलोमीटर लमहर फोरलेन बन रहल बा, जवना से विश्वविद्यालय के कनेक्टिविटी आउर बेहतर होई। बीच सड़क में डिवाइडर आ फूल लगावल जा रहल बा।
दीक्षांत समारोह के अंतिम तइयारी
एम्स के ऑडिटोरियम में होखे वाला दीक्षांत समारोह में करीब 500 लोग सामिल होई। उहां परदा, कुरसी के कवर बदलल जा रहल बा आ साउंड सिस्टम आउर लाइटिंग के अपग्रेड कइल जा रहल, ताकि कार्यक्रम भव्यता के संगे संपन्न होखे।
Read Also: Google Maps: सफर के आसान बना दी गूगल मैप्स के ई सात टिप्स, स्मार्ट लोग करेला एकर इस्तेमाल