[the_ad_group id="30365"]

Defence: आतंकवाद रोधी क्षमतन के बढ़ावे खातिर 2000 करोड़ के रक्षा खरीद के मंजूरी, आधुनिक हथियार किनल जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। रक्षा मंत्रालय भारतीय सेना के आतंकवाद रोधी क्षमता के बढ़ावे खातिर 2000 करोड़ रुपिया के रक्षा खरीद के मंजूरी देले बा। ई रक्षा खरीद आपात अधिग्रहण बेवस्था के तहत कइल जा रहल बा। एह रक्षा खरीद के तहत 13 कॉन्ट्रैक्ट के मंजूरी दिहल गइल बा। जेमे सुरक्षाबलन खातिर आधुनिक हथियार आ उपकरण किनल जाई, जे आतंकवाद के खिलाफ हमनी के सुरक्षाबलन के क्षमता में उल्लेखनीय इजाफा करीं।

आधुनिक हथियार किनल जाई

एह रक्षा खरीद के कुल लागत 1981.90 करोड़ होई। जेमे भारतीय सेना खातिर इंटीग्रेटेड ड्रोन डिटेक्शन एंड इंटरडिक्शन सिस्टम के किनल जाई। संगही लो लेवल लाइट वेट रडार, बहुत कम रेंज वाला एयर डिफेंस सिस्टम जइसन लॉन्चर्स आ मिसाइल आदि के किनल जाई। रक्षा मंत्रालय सेना के आतंकवाद रोधी अभियानन खातिर रिमोटली पायलेटेड एरियल व्हीकल, कइयन तरे के ड्रोन्स, बैलिस्टिक हेलमेट, भारी आ मध्यम रेंज के क्विक रिएक्शन फाइटिंग व्हीकल आउर राइफल खातिर नाइट विजन आदि किनी।

एससीओ सम्मेलन में रक्षा मंत्री आतंकवाद के मुद्दा उठइहें

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह चीन के किंगदाओ में बुध से हो रहल एससीओ (शंघाई कॉपरेशन ऑर्गेनाइजेशन) में शिरकत करिहें। एह सम्मेलन में राजनाथ सिंह आतंकवाद के मुद्दा उठइहें। मई 2020 में पूर्वी लद्दाख में भइल संघर्ष के बाद ई कवनो शीर्ष भारतीय नेता के पहिला चीन यात्रा बा। एससीओ सम्मेलन में रक्षा मंत्री एससीओ के सदस्य देसन के बीच बेयपार, आर्थिक सहजोग आ संपर्क बढ़ावे के वकालत कs सकत बानी। रक्षा मंत्री चीन में कइयन गो सदस्य देसन के रक्षा मंत्रियन के संगे द्विपक्षीय मुलाकात कs सकत बाड़े। एमे चीन आ रूस के रक्षा मंत्री सामिल बा लो।

Read Also: President’s Gorakhpur Visit : राष्ट्रपति मुर्मू के स्वागत के लेके एम्स के बदली रंग, आयुष यूनिवर्सिटी के लोकार्पण तय

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]