[the_ad_group id="30365"]

राष्ट्रपति भ्रमण : गोरखपुर पहुंचलें राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद, सीएम योगी कइलें स्वागत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद स्पेशल विमान से गोरखपुर हवाई अड्डा पहुंचले। इहाँ उनुकर स्वागत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कईले। इहाँ से उ सीधे गोरखपुर सर्किट हाउस खातिर रवाना हो गईले। ओहिजा से ऊ 4:45 PM पर गीता प्रेस खातिर रवाना होखीहें.

आईं बता दीं कि राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद दूसरका राष्ट्रपति हउवें जे गीता प्रेस में जइहें. एकरा से पहिले देश के पहिला राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्र प्रसाद 67 साल पहिले गीता प्रेस में आईल रहले।

गीता प्रेस मैनेजमेंट के मुताबिक 29 अप्रैल 1955 के देश के पहिला राष्ट्रपति डॉ. राजेंद्र प्रसाद गीता प्रेस में आईल रहले। आ गीता प्रेस में स्थित विश्व प्रसिद्ध लीला चित्र मंदिर आ गीता प्रेस के मुख्य गेट के उद्घाटन कइलें। एह दौरान उ कहले रहले कि धर्म के प्रचार में गीता प्रेस के एगो महत्वपूर्ण योगदान बा। एकरा संगे-संगे लीला चित्रा मंदिर अवुरी मुख्य द्वार के भी बड़ाई कईले रहले।

आगे पढ़ीं

आजु सीएम योगी के नगरी गोरखपुर में रहिहें राष्ट्रपति कोविंद,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]