Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राष्ट्रपति द्रौपदी के तीन दिवसीय बिहार दौरा, जानीं का बा कार्यक्रम 

1,853

पटना: राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू 18 अक्टूबर के सबेरे पटना अइहें। उनका तीन दिवसीय दौरा के लेके तइयारी सुरू हो गइल बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार (Nitish Kumar) हाले में जी-20 के सम्मेलन में दिल्ली गइल रहस। इहां उनकर मुलाकात पीएम नरेंद्र मोदी (PM Narendra Modi), राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू (Droupadi Murmu) के संग भइल रहे। अब नीतीश कुमार के बोलावा पs द्रौपदी मुर्मू बिहार दौरा पs आवे वाला बाड़ी। रिपोर्ट्स के मोताबिक 18 अक्टूबर के राष्ट्रपति तीन दिवसीय दौरा पs आवे वाला बाड़ी। ई दौरा बहुते खास होखे वाला बा। चउथा कृषि रोड मैप (Fourth Agricultural Road Map) के औपचारिक सुरुआत अक्टूबर में होई। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू एकर उद्घाटन करिहें। राष्ट्रपति के राज्य में पहिला आगमन के यादगार बनावे खातिर सब तइयारी तेजी से चल रहल बा।

बिहार में राष्ट्रपति के आगमन के तइयारी 

भव्य परेड के अभ्यास शुरु कs दिहल गइल बा आ एयरपोर्ट, परेड स्थल, राजकीय अतिथिशाला, सर्किट हाउस पs मेडिकल टीम के संगे एडवांस लाइफ सपोर्ट एंबुलेंस के तैनात करे के निरदेसो दिहल गइल बा। राष्ट्रपति 18 अक्टूबर के पटना अइहें आ 20 अक्टूबर तक इहां रुकी। एकरा अलावे, अतवार के कलश स्थापना पूजन के संगे नवरात्र के आगाज हो चुकल बा। एह संदर्भ में, 24 अक्टूबर तक सब डॉक्टरन आ स्वास्थ्यकर्मियन के अवकाश रद्द कs दिहल गइल बा।

राष्ट्रपति मुर्मू करिहें चतुर्थ कृषि रोड मैप के लोकार्पण 

राष्ट्रपति मुर्मू चतुर्थ कृषि रोड मैप के लोकार्पण करिहें, जवन कृषि सेक्टर के विकास आ मॉडर्नीकरण खातिर महत्वपूर्ण बा। एकरा अलावे, ऊ पटना एम्स के दीक्षांत समारोह में भाग लेवे वाला बाड़ी। बता दीं कि राज्य में पहिला कृषि रोड मैप 2018 में लागू कइल गइल रहे। दूसरका रोड मैप के उद्घाटन 2012 में तत्कालीन राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी कइले रहस। तीसरका कृषि रोडमैप के सुरुआत 2017 में तत्कालीन राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद ने की थी। अब चौथे कृषि रोड मैप का उद्घाटन राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू करे वाला बाड़ी।

का हs चउथा कृषि रोड मैप? 

चउथा कृषि रोड मैप एगो महत्वपूर्ण कृषि योजना हs। एह योजना के मोताबिक, राज्यन में कृषि से जुड़ल 100 सीट हब बनावल जाई आ 20 मिलेट हब तइयार कइल जाई। एह हबन के मुख्य उद्देश्य ई होई कि जूट के खेती आ गुड़ के उद्योग के बढ़ावा दिहल जाव, जवन अलग-अलग राज्यन में विकसित कइल जाई। एकरा अलावे, लेमन ग्रास आ मेंथा के खेती के बढ़ावा दिहल जाई, जवना से किसानन के नया आय स्रोत मिल जाई। एह कार्यक्रम के तहत, अलग-अलग खेतन में पानी के निकासी खातिर योजना बनावल जाई, जवना से भूमि के प्रबंधन में सुधार हो सके। चउथा कृषि रोड मैप के माध्यम से, खेती क्षेत्र में प्रौद्योगिकी के अनुसरण के प्रोत्साहित कइल जा रहल बा आ किसानन के को नवाचारिक तरीकन से खेती करे खातिर सामग्री आ विधानन के पहुंच प्रदान कइल जा रहल बा। एसे कृषि सेक्टर में उन्नति होखे के उम्मीद बा आ किसानन के आर्थिक इस्थिति में सुधार आवे के आशा बा।

सात साल बाद आयोजित तीसरका दीक्षांत समारोह में सामिल होइहें मुर्मू 

सीयूएसबी के पीआरओ मो० मुदस्सीर आलम एह संबंध में बतवलें कि राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू (विश्वविद्यालय के कुलाध्यक्ष) मुख्य अतिथि के रूप में दीक्षांत समारोह में सामिल होइहें। भव्य समारोह के आयोजन सीयूएसबी के कुलपति प्रो० कामेश्वर नाथ सिंह के देखरेख में कइल जाई। विश्वविद्यालय के कुलपति खुसी जाहिर करत बतवलें कि एकरा पहिले दूसरका दीक्षांत समारोह 2016 में बीआइटी पटना इस्थित अस्थायी परिसर (किराया के मकान) में आयोजित कइल गइल रहे। एकरा बाद अब ई तीसरा दीक्षांत समारोह सात बरिसन के लमहर अंतराल के बाद आयोजित होखे जा रहल बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.