Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

“जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” के छठवां साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव के आयोजन के तइयारी जोरन पs, 22 के अमही में भोजपुरी प्रेमियन के होई जुटान

संस्था के उपाध्यक्ष आ सीरिजन पत्रिका के संपादक संगीत सुभाष बातचीत के क्रम में बतवलें कि देस-दुनिया के प्रसिद्ध साहित्यकार, कवि आ गायक लोग के संगे-संगे भोजपुरी प्रेमियन के जुटान आवेवला 22 नवंबर के होखे जा रहल बा। भोजपुरी के धाम अमही मिश्र में "जय भोजपुरी जय भोजपुरिया" परिवार सब भोजपुरिया प्रेमी लोगन के स्वागत खातिर तइयार बा। सब केहू के हार्दिक स्वागत बा। 

3,415

भोजपुरी के जानल-मानल संस्था “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” के छठवां साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव के आयोजन 22 नवंबर के गोपालगंज के भोरे के अमही मिश्र में होखे जा रहल बा। एकरा के लेके भोजपुरी के धाम के नाम से मशहूर हो चुकल अमही मिश्र में तइयारी जोरन पs बा।

एक दिन के एह आयोजन के दौरान दिन में साहित्यिक आ रात में सांस्कृतिक सत्र में भोजपुरी के प्रसिद्ध साहित्यकार, कवि, गीतकार आ गायक लोगन के चरचा-परिचर्चा आ प्रस्तुति होई।

साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव- 6 के रूपरेखा :

एह कार्यक्रम के रूपरेखा कुछ एह तरे बा-

कार्यक्रम के उद्घाटन 11 बजे दीया जरा के आ मां सरस्वती आउर ‘अंजनजी’ के तैलचित्र पs माल्यार्पण कs के होई।  एह दाैरान मंच पs अध्यक्ष – सतीश कुमार त्रिपाठी, अध्यक्ष श्रीमती मुन्नी देवी, संरक्षक – श्री नरसिंह तिवारी, संयोजक श्री ज्वाला सिंह, संयुक्त सचिव – श्री शिवा जी तिवारी आ अउर उपस्थित गणमान्य लोग के उपस्थिति रही।

ओकरा बाद मंगलाचरण 11:10 बजे दिन में होई। अध्यक्ष के सम्बोधन आ स्वागत भासन- 11:20 बजे दिन में होई। संयोजक ज्वाला सिंह के सम्बोधन 11: 30 बजे दिन में होई। 12:00 बजे दुपहरिया से उपस्थित गणमान्य अतिथि लोग के सम्मान कइल जाई।

01-00 बजे परिचर्चा के सत्र होई जवन भोजपुरी के आठवीं अनुसूचि खातिर भोजपुरिया केतना तइयार बाड़ें? विषय पs होई। वक्ता के रूप में सर्वेश कुमार तिवारी आ जलज कुमार मिश्र प्रतिभाग करी लो। 01:20 बजे- “सिरिजन” के प्रिंटेड 22वां अंक के विमोचन होई।

1:30 बजे दुपहरिया से कवि सम्मेलन सुरू होई। एही दौरान बीच में “अंजन सम्मान” भोजपुरी साहित्यकार, पत्रकार आ सिने कलाकार मनोज भावुक के आ परिवार के दू गो साहित्यकार श्री कृष्ण कुमार श्रीवास्तव आ श्री सुजीत कुमार सिंह जी के “श्रेष्ठ” रचनाकार सम्मान से सम्मानित कइल जाई।

कवि सम्मेलन में  डॉ. अनिल चौबे (संचालक), मदन मोहन पाण्डेय (कवि सम्मेलन के अध्यक्ष),  डॉ. कमलेश राय, भालचंद त्रिपाठी, मनोज भावुक, संजय मिश्र संजय, अरविन्द श्रीवास्तव, कृष्ण मुरारी राय, मधुसूदन पाण्डेय, अमरेन्द्र कुमार सिंह, सत्यप्रकाश शुक्ल बाबा, प्रणव पराग, राजकुमार बावरा, शैलेन्द्र असीम, कृष्ण कुमार श्रीवास्तव, आशुतोष त्रिपाठी, मधुसूदन मिश्र, अवध किशोर अवधू, आकाश महेशपुरीश, शिरंजन शुक्ल सेतु, मधुबाला सिन्हा, माया शर्मा, लोकनाथ तिवारी, पाण्डेय अकेला, आकृति विज्ञा अर्पण, नित्यानंद पाण्डेय मधुर, नन्देश्वर मिश्र नन्द, दुर्गेश दुर्लभ, अशोक कुमार तिवारी, नीरज कुमार मिश्र, पवन कुमार तिवारी, जीतेन्द्र तिवारी, हृदयानंद विशाल, संतोष शर्मा, रविनंदन सैनीं, प्रमोद पाण्डेय, रघुवंश मणि दूबे, सुजीत कुमार सिंह, सुजीत कुमार पाण्डेय, माहिर विचित्र, अश्विनी कुमार द्विवेदी आ नूरैन अंसारी आपन प्रस्तुति दिही लो।

दूसरा सत्र 06-00 बजे साँझि से होई सुरू:-

फीता काटि के उद्घाटन:- अध्यक्ष श्री सतीश कुमार त्रिपाठी आ अन्य उपस्थित गणमान्य लोग के हाथ से होई। आगंतुक अतिथि लोग के सम्मान कइल जाई। नन्द कुमार तिवारी के वक्तव्य के बाद तीस्ता सम्मान लोकगायिका सुश्री माधुरी राय के स्मृति शेष तीस्ता के पिता श्री उदयनारायण सिंह जी के हाथ से दिहल जाई। “जय भोजपुरी – जय भोजपुरिया” परिवार के गायक विनोद कुमार हर्षित आ संगीतकार राजन द्विवेदी के सम्मान होई।

गीत गवनई के सत्र में ई गायक/गायिका दी लो प्रस्तुति 

प्रख्यात गायक मुन्ना सिंह, भोजपुरी सम्राट भरत शर्मा,  वरिष्ठ  लोकगायक उदय नारायण सिंह, निर्गुण सम्राट विष्णु ओझा, विजय बहादुर चौबे, मदन राय, गोपाल राय, रामजी दूबे, कमलेश उपाध्याय हरिपुरी, राकेश कुमार श्रीवास्तव, संजोली पाण्डेय, रामेश्वर गोप, रवीश कुमार सानू, शशि अनारी, माधुरी राय, कृष्ण कुमार, शिवांगी पाठक(जूही), श्रेयांश मिश्रा, सृष्टि सिंह-राकेश तिवारी, विनोद गुप्ता हर्षित, अजय गिरी, प्रिंस उपाध्याय, राहुल शर्मा, प्रीति कुशवाहा, विनोद गिरि आ संगीतकार राजन द्विवेदी।

संस्था के उपाध्यक्ष आ सीरिजन पत्रिका के संपादक संगीत सुभाष बातचीत के क्रम में बतवलें कि देस-दुनिया के प्रसिद्ध साहित्यकार, कवि आ गायक लोग के संगे-संगे भोजपुरी प्रेमियन के जुटान आवेवला 22 नवंबर के होखे जा रहल बा। भोजपुरी के धाम अमही मिश्र में “जय भोजपुरी जय भोजपुरिया” परिवार सब भोजपुरिया प्रेमी लोगन के स्वागत खातिर तइयार बा। सब केहू के हार्दिक स्वागत बा।

678340cookie-check“जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” के छठवां साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव के आयोजन के तइयारी जोरन पs, 22 के अमही में भोजपुरी प्रेमियन के होई जुटान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.