[the_ad_group id="30365"]

छठ पूजा: त्योहारी मौसम में गीतन से सजेला इs महापरsब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Chhath Puja:त्योहार के मौसम जारी बा। दिवाली के बाद छठ परब मनावल जाई। एह साल छठ पूजा 17 नवम्बर 2023 से शुरू होखी आ 20 नवम्बर के खतम हो जाई। छठ के परब चार दिन तक चलेला जवन भारत के सबसे कठिन परब में से एगो ह। छठ पूजा के दउरान वरती 36 घंटा ले निर्जला व्रत रहेला लो। सूर्य भगवान आ छठी मइया के पूजा कइल जाला आ ओह लोग के अर्घ्य दिहल जाला। परिवार के समृद्धि, बेटा-पति के दीर्घायु अवुरी मनोकामना के पूर्ति खातीर इs व्रत कइल जाला। नहाय खाय कार्तिक महीना के चतुर्थी तिथि के मनावल जाला। अगिला दिने खरना के आ तिसरका दिन डूबत सूरज के अर्घ्य चढ़ावल जाला। छठ पर्व के चउथा दिन उगत सूरज के अर्घ्य देके व्रत तोड़ल जाला। छठ परब के कइगो नाम से जानल जाला-छइठ, छठ बरत, छठ, छठी म‌इया के पूजा, छठ परब, डाला छठ, सूरय षष्ठी।

छठ के गीत ‘हो दीनानाथ’

यायावरी वाया भोजपुरी के द्वारा छठ पूजा पs एगो गीत ‘हो दीनानाथ’ रिलीज भइल बा। छठ के ई गीत बहुत सुन्दर गीत बा। इ गीत ट्रेडिसनल गीत ह s। संगीत आरसी प्रोडक्शन’ सुशांत देव के बा। इ गीत प्रसन्नजीत चक्रवर्ती के आवाज से सजल बा जवन बहुते मधुर बा आ सुकून देला।

यायावरी वाया भोजपुरी के ई गीत बहुत लोग पसंद कs रहsल बा, सराहत भी बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]