53 स्टेशनन के हो रहल नवीनीकरण, सबसे बेसी बजट प्रयागराज जंक्शन के

Share

उत्तर मध्य रेलवे में अमृत भारत स्टेशन योजना के तहत 53 रेलवे स्टेशन के पुनर्विकास हो रहल बा। जवना स्टेशनन के पुनर्विकास हो रहल बा ओमें से प्रयागराज जंक्शन के बजट सबले बेसी 959.78 करोड़ रुपिया बा। प्रयागराज जंक्शन समेत सात गो प्रमुख स्टेशनन पऽ पुनर्विकास के काम में तेजी आइल बा।

पुनर्विकास के काम के महाप्रबंधक उपेन्द्र चंद्र जोशी लगातार समीक्षा कर रहल बाड़े। महाप्रबंधक के कहनाम बा कि पुनर्विकसित रेलवे स्टेशन पऽ यात्री खातिर आधुनिक सुविधा होई। विकास के बाद स्टेशन ना खाली परिवहन के बिंदु के रूप में काम करी बलुक शहर के केंद्र के रूप में काम करी।

महाप्रबंधक के मुताबिक अंचल के सात महत्वपूर्ण स्टेशन में प्रयागराज जंक्शन, कानपुर सेंट्रल, झांसी, ग्वालियर, खजुराहो, आगरा अउरी मथुरा शामिल बा। एह सात स्टेशन में से पांच स्टेशन पऽ तेजी से काम चलता। आगरा कैंट आ मथुरा के विकास लेआउट के योजना बनावल जा रहल बा।

एकरा संगे-संगे कानपुर सेंट्रल (766.91 करोड़ रुपया), झांसी (470.18 करोड़ रुपया), ग्वालियर (534.70 करोड़ रुपया), खजुराहो (217.97 करोड़ रुपया) में तेजी से काम चलता। एह सब स्टेशनन के कुल मंजूर लागत लगभग 2950 करोड़ रुपिया बा।

स्टेशन के एप्रोच में सुधार, सर्कुलेशन एरिया, वेटिंग हॉल, शौचालय, जरूरत के मुताबिक लिफ्ट/एस्केलेटर, सफाई, मुफ्त वाईफाई, एक स्टेशन एक उत्पाद, स्थानीय उत्पाद खातिर कियोस्क आदि योजना के माध्यम से संबंधित स्टेशन पऽ सुविधा होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-