चक्रवात ‘दाना’ के कारन एह राज्य में 3 दिन ले स्कूल कइल गइल बंद, राज्य सरकार जारी कइलस आदेश

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 22, 2024

    आजकल चक्रवात ‘दाना’ देश में आवे वाला बा। मौसम विभाग के कहल बा कि बंगाल के खाड़ी के लगे हवा के गति 22 अक्टूबर के साँझ ले 55-65 से बढ़ के 75 किलोमीटर

Share

School closed

 

 

आजकल चक्रवात ‘दाना’ देश में आवे वाला बा। मौसम विभाग के कहल बा कि बंगाल के खाड़ी के लगे हवा के गति 22 अक्टूबर के साँझ ले 55-65 से बढ़ के 75 किलोमीटर प्रति घंटा होखे के उमेद बा. ओडिशा-पश्चिम बंगाल के तट पs 40-50 से 60 किमी प्रति घंटा के तेज हवा के गति बह रहल बा। 24 अक्टूबर के रात से 25 अक्टूबर के सबेरे ले एकर गति 100-110 किमी प्रति घंटा के रफ़्तार से 120 किमी प्रति घंटा तक पहुंच सकता।

3 दिन ले स्कूल बंद रही

अयीसना में चक्रवात ‘दाना’ के संभावित असर के ध्यान में राखत ओडिशा सरकार राज्य के बहुत जिला के स्कूल 23 अक्टूबर से 25 अक्टूबर ले बंद करे के फैसला कईले बिया। छात्र अवुरी कर्मचारी के सुरक्षा सुनिश्चित करे खातीर एहतियात के तौर पs इs कदम उठावल गईल बा। ई आदेश देवरंजन कुमार सिंह (विशेष राहत आयुक्त) आ अपर मुख्य सचिव जारी कइले बाड़न. आदेश में स्कूल आ लोक शिक्षा विभाग के तत्काल कार्रवाई करे के निर्देश दिहल गइल बा। स्कूल बंद करे के ई फैसला राज्य के “जीरो कैजुअलिटी” रणनीति के हिस्सा हs, जवना के पिछला चक्रवात के दौरान सफलतापूर्वक लागू कईल गईल बा।

एह जिलन पs अउरी असर लउकी

आदेश में कहल गइल बा कि एह चक्रवात के सबले बेसी असर राज्य के गंजाम, पुरी, जगतसिंहपुर, केंद्रापाड़ा, भद्रक, बालासोर, मयूरभंज, क्योंझर, ढेंकानाल, जाजपुर, अंगुल, खोरधा, नयागढ़, आ कटक जिला पs पड़े के संभावना बा. एह जिलन में विद्यार्थियन आ स्कूल कर्मचारी के सुरक्षा सुनिश्चित करे खातिर 23 अक्टूबर से 25 अक्टूबर ले स्कूल बंद रही.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.