अब छपरा के लोगन के मिली अमृत भारत एक्सप्रेस के सौगात

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 21, 2024

छपरा के लोग के अब अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन के उपहार मिल जाई। रेलवे एकरा संबंध में जानकारी जारी कइले बिया। छपरा से अमृतसर खातिर अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन के सफर शुरू हो जाई। पूर्वोत्तर

Share

छपरा के लोग के अब अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन के उपहार मिल जाई। रेलवे एकरा संबंध में जानकारी जारी कइले बिया। छपरा से अमृतसर खातिर अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन के सफर शुरू हो जाई। पूर्वोत्तर रेलवे एह ट्रेनन के संचालन के समय सारिणी तइयार करत बिया। रेलवे एक जनवरी से ट्रेन के समय सारिणी में बदलाव करी। एह टाइम टेबल में अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेनन के जगह दिहल जाई। रेलवे बोर्ड 26 गो अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन चलावे के फैसला कइले बा जवना में से समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर आ बरौनी के एक-एक गो नया ट्रेन आ दरभंगा के दू गो नया ट्रेन मिलल बा। बोर्ड संबंधित रेलवे जोन से कहले बा कि एह ट्रेनन के नियमित संचालन खातिर संचालन के समय दिहल जाव। एह ट्रेनन के संचालन शुरू भइला के बाद रेलवे से बिहार के यात्रियन के दिहल जा रहल सुविधा में बहुते बढ़ोतरी होखी।

अमृत भारत एक्सप्रेस में लग्जरी यात्रा के अनुभव

हाई स्पीड अमृत भारत एक्सप्रेस के किराया वंदे भारत ट्रेन से कम होई। अमृत भारत एक्सप्रेस में अनआरक्षित श्रेणी के आठ गो कोच लगावल जाई। एह ट्रेन में 12 गो स्लीपर कोच होखी। दिव्यांगो लोग खातिर कोच के व्यवस्था होई। अमृत भारत एक्सप्रेस में यात्री कम किराया पऽ लग्जरी यात्रा के अनुभव कऽ सकेलें। अधिकारी लोग के कहनाम बा कि मार्च 2025 तक इ ट्रेन के संचालन शुरू हो जाई।

22 गो कोच लगावल जाई

अमृत भारत एक्सप्रेस में 22 गो कोच लगावल जाई। एमें भगत के कोठी-गोरखपुर, छपरा-अमृतसर आ अमृतसर-सहरसा अमृत भारत ट्रेनन के मुरादाबाद, रामपुर, बरेली होत चलावल प्रस्ताव बा। अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन भी तेज रफ्तार से चली, बाकिर एकर किराया वंदे भारत एक्सप्रेस से तनिका कम होई। एकरा पऽ रेलवे बोर्ड स्तर पऽ काम चलता।

अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन के किराया में कमी आई। रेलवे बोर्ड से जारी अधिसूचना के इंतजार बा। एकरा बाद अमृत भारत ट्रेन के संख्या अउरी समय सारिणी जारी कइल जाई। लंबा रूट के यात्री खातिर कन्फर्म टिकट आसानी से मिल जाई। एकरा बादो अमृतसर-छपरा अउरी अमृतसर-सहरसा, अमृतसर-गोरखपुर रूट पऽ यात्री के दबाव बढ़ता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.