पटना। मतदाता पुनरीक्षण, बढ़त अपराध आ सरकारी वादाखिलाफी जइसन मुद्दन के लेके पटना में विधानसभा घेराव करे निकलल प्रशांत किशोर के जन सुराज पार्टी के प्रदर्शनकारियन के बुध के पुलिस के भारी विरोध के सामना करे के पड़ल। सबेरे 11 बजे निर्धारित कार्यक्रम के अनुसार पार्टी प्रमुख प्रशांत किशोर अपना टीम के संगे विधानसभा पहुंचे वाला रहस, बाकिर चितकोहरा गोलंबर के लगे पुलिस उनका के रोक देलस। एह दौरान भारी लाठीचार्ज भइल, जेमे कइयन गो कार्यकर्ता घायल हो गइल बा लो। दुपहरिया एक बजे तक जन सुराज के टीम धरनास्थल भा विधानसभा के लगे ना पहुंच सकल लो।
जन सुराज समर्थकन पs चितकोहरा पs भइल लाठीचार्ज
प्रशांत किशोर के नेतृत्व में हजारन समर्थकन के भीड़ जइसही पटना के बेली रोड होत एयरपोर्ट से गर्दनीबाग इस्थित धरना स्थल के ओर बढ़ल, चितकोहरा गोलंबर के लगे पुलिस रास्ता रोक दिहल। प्रदर्शनकारियन आ पुलिस के बीच जमके नोकझोंक भइल, जवना के बाद लाठीचार्ज सुरू हो गइल। कइयन गो प्रदर्शनकारी घायल हो गइल लो आ अफरातफरी मच गई।
तीन प्रमुख सवालन पs होत रहे विधानसभा के घेराव
जन सुराज पार्टी के ओर से तीन गंभीर मुद्दन के लेके एह प्रदर्शन के आयोजन कइल गइल रहे। पहिला मुद्दा रहे कि गरीब परिवारन के रोजगार खातिर सरकार द्वारा घोषित दु लाख रुपिया के सहायता अब तक काहे ना मिलल। दूसरका इहो कि दलित भूमिहीन परिवारन के तीन डिसमिल जमीन काहे ना दिहल गइल आ तीसरका रहे कि भूमि सर्वेक्षण में व्याप्त भ्रष्टाचार पs कार्रवाई काहे नइखे हो रहल।
एह सब सवालन के लेकर जन सुराज पार्टी एक करोड़ लोगन के हस्ताक्षर जुटवले रहे आ एकरा के विधानसभा के मानसून सत्र में प्रस्तुत करे के योजना रहे। एही उद्देश्य से आज विधानसभा घेराव के घोषणा कइल गइल रहे। एही तीन मुद्दन के संगे बिहार में चल रहल मतदाता लोगन के विशेष गहन पुनरीक्षण अभियान आ अपराध के लेके जन सुराज से जुड़ल, प्रदर्शनकारी आम जनता के आवाज बने खातिर निकलल रहे लो। पुलिस के बंदोबस्त पूरा रहे। बेली रोड से आयकर गोलंबर होके आइल संभव ना रहे, काहेकि एने विधानसभा बा। धरनास्थल गर्दनीबाग में जाये खातिर एह प्रदर्शनकारियन के चितकोहरा पुल के रास्ता दिहल गइल। एने पुलिस के इंतजाम रहे। चितकोहरा में पुलिस के संगे जन सुराज के प्रदर्शनकारियन के ठन गइल।
‘लोकतांत्रिक अधिकार छीनल जा रहल बा’
प्रदर्शन में सामिल कार्यकर्ता आ नेता लोग लाठीचार्ज के निंदा करत एकरा के शांतिपूर्ण लोकतांत्रिक विरोध पs हमला बतवले। पार्टी प्रवक्ता लोगन के कहनाम बा कि सरकार सवालन से भाग रहल बिया आ जनआवाज के दबावे खातिर पुलिस के सहारा ले रहल बिया।
प्रशांत किशोर दु घंटे तक ना पहुंचलें धरनास्थल
प्रशांत किशोर खुद तय समय तक ना तs विधानसभा आ ना धरनास्थल पs पहुंच सकलें। पुलिस के बैरिकेडिंग आ सख्त बंदोबस्त के चलते उनकर काफिला चितकोहरा में अटक गइल। इस्थिति तनावपूर्ण बनल रहल।