छपरा के प्रभुनाथ नगर 33/11KVA शक्ति उप केंद्र से सबेरे 9 बजे से सांझ के 5 बजे ले आपूर्ति बाधित रही

Share

सारण/छपरा: छपरा के प्रभुनाथ नगर 33/11KVA शक्ति उप केंद्र के क्षेत्राधीन साँढा, नैनी, खैरा फीडर से संबंधित सब पंचायत के गांवन के आज (20 जनवरी 2023) के सबेरे 09 बजे से सांझ के 05 बजे तक विद्युत आपूर्ति ना रही कनीय विद्युत अभियंता विद्युत आपूर्ति प्रशाखा छपरा सदर उमर फारूक से प्राप्त सूचना के मोताबिक 33 KVA के डैमेज पोल के जगह पs नया पोल के स्थानांतरण आ आउर संबंधित जरुर काम के सम्पादित करे खातिर विद्युत आपूर्ति बंद रही।

ऊ साँढा, मौना, बदलूटोला, तेनुआ, मुसेहरी, करिंगा, फकुली और नैनी पंचायत के साँढा, साँढा खेमाजी टोला, हाउसिंग कॉलोनी, हेमनगर, उमानगर, घोष कॉलोनी अयोध्या नगर, चनचौडा, मैथवालिया बदलू टोला, बिजली बाजार, नैनी, फाकुली, उमधा, मगाईडीह, बाजीतपुर सहित तमाम गांवन के नागरिकन से अपना दैनिक जीवन खातिर आवश्यक जल के संचय(जमा) कs लेने के अपील कइले बाड़े जवना से रोजिना के काम में समस्या मत आवे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-