JPU में स्नातकोत्तर परीक्षा के कार्यक्रम जारी: 14 जून से फोर्थ सेमेस्टर के एग्जाम, सेकेंड सेमेस्टर के 23 जून से परीक्षा होई सुरू

JPU में रिसर्च के गुणवत्ता बढ़ावे खातिर प्लेगरिज्म सॉफ्टवेयर से होई जांच, पीजी कोर्स में 20% बदलाव

Share

एजुकेशन डेस्क: छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय स्नातकोत्तर परीक्षा के कार्यक्रम जारी कs दिहल गइल बा। सत्र 2021-23 के एमए, एमएससी आ एमकॉम फोर्थ सेमेस्टर के परीक्षा 14 जून से सुरू होई। सत्र 2022-24 के सेकेंड सेमेस्टर के परीक्षा 23 जून से 28 जून तक चली।

विश्वविद्यालय प्रशासन शैक्षणिक गतिविधियन के नियमित आ समयबद्ध बनावे के दिशा में काम कs रहल बा। अंगीभूत आ संबद्ध कॉलेजन में नियमित कक्षा संचालित कइल जा रहल बा। समय पs परीक्षा आयोजन आ परिणाम घोषणा के नीति के कड़ाई से लागू कइल जा रहल बा।

कुलपति आ परीक्षा नियंत्रक के देखरेख में शैक्षणिक कैलेंडर के बेवस्थित कइल जा रहल बा। परीक्षा जेपी विश्वविद्यालय के परीक्षा भवन में आयोजित कइल जाई। विश्वविद्यालय प्रशासन सब तइयारी के पूरा कs लेले बा।

परीक्षा में देरी के आवत रहे शिकायत

पहिले जेपीयू में परीक्षा आ परिणामन में देरी के शिकायत आवत रहे। एकरा से विद्यार्थियन के उच्च शिक्षा आ नौकरी के अवसर प्रभावित होत रहे। अब प्रशासनिक सतर्कता से एह इस्थिति में सुधार आइल बा। छात्र-छात्रा आ अभिभावकन से एह पहल के सकारात्मक प्रतिक्रिया मिल रहल बा। विद्यार्थी अब समय से आपन पढ़ाई पूरा कs पाई लोग आ भविष्य के योजना पs धेयान दे सकी लोग।

Read Also: JEE Advanced Result 2025: जेईई एडवांस्ड परीक्षा के परिणाम सहित फाइनल उत्तर कुंजी जारी, देखीं कटऑफ

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-