Gorakhpur: D.A.V पी.जी. कॉलेज में मनावल गइल ‘विश्व पर्यावरण दिवस’

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 5, 2025

आजु बियफ़ें के ‘विश्व पर्यावरण दिवस ‘ के अवसर पs डी.ए.वी.पी.जी. कॉलेज,गोरखपुर में प्राचार्य प्रो शैल पांडे के नेतृत्व में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई आ राष्ट्रीय कैडेट कोर के संयुक्त तत्वावधान में वृक्षारोपण कार्यक्रम,पोस्टर

Share

D.A.V पी.जी. कॉलेज

आजु बियफ़ें के ‘विश्व पर्यावरण दिवस ‘ के अवसर पs डी.ए.वी.पी.जी. कॉलेज,गोरखपुर में प्राचार्य प्रो शैल पांडे के नेतृत्व में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई आ राष्ट्रीय कैडेट कोर के संयुक्त तत्वावधान में वृक्षारोपण कार्यक्रम,पोस्टर प्रतियोगिता आ विचार संगोष्ठी के आयोजन कइल गइल ।

एह अवसर पs कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता आ डॉ मनोज कुमार श्रीवास्तव द्वारा सभ छात्र-छात्रा लोग के पर्यावरण के महत्व के समझे खातीर पोस्टर के माध्यम से अपने विचारन के चित्रांकित करे खातीर निर्देशित कइल गइल।

एह प्रतियोगिता में प्रथम स्थान मरियम,द्वितीय स्थान आदित्य श्रीवास्तव आ तृतीय स्थान अमन कुमार के प्राप्त भइल। एह अवसर पs मुख्य अतिथि के रूप में अर्थशास्त्र विभाग के सह-आचार्य डॉ पूनम द्वारा सभ के बतावल गइल कि वृक्ष हमनी के जीवन खातीर अत्यंत आवश्यक होला। अतः सरकार आ हम सभ के दायित्व हs कि विकास के साथे-साथे पर्यावरण के साथ सामंजस्य स्थापित करे हेतु वृक्ष के प्रति हमनी के संवेदनशीलता के बढ़वले पs बल दिहल जाए के चाही। यदि एगो पेड़ विकास के नाव पs कटल तs ओकरी आस-पास कम से कम 10 पेड़ पर्यावरण के नाव पs अवश्य लगावे के चाहि आ ओकर ध्यान रखल जाए ताकि हमनी के आपन भविष्य के सुरक्षित रख सकी। एह अवसर पs सोनी,श्रद्धा श्रीवास्तव,सतीश कुमार,आस्था आ दृष्टि समेत अनेक स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग उपस्थित रहे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.