छपरा में जाम झलकावत दरोगा जी के VIDEO वायरल: सहजीतपुर थाना में बाड़ें पदस्थापित, दारोगा प प्राथमिकी दर्ज; दु दिनन से छुट्टी लेके लापता बाड़ें आरोपी

Share

छपरा में एगो दारोगा के शराब पीये के वीडियो सोशल मीडिया प तेजी से वायरल हो रहल बा। वायरल वीडियो में शराब के सेवन करत व्यक्ति के पहचान सहजीतपुर थाना में पदस्थापित सब इंस्पेक्टर भरत राय के रूप में भइल। वीडियो में साफ तौर प देखल जा सकत बा कि SI भरत राय भुजा खात फ़ोन प बात कर रहल बाड़ें। ओहिजा सामने टेबुल प शराब से भरल गिलास रखल बा। टेबल के नीचे दारू के बौतलो रखल बा।

वायरल वीडियो सहजीतपुर थाना क्षेत्र के बंगाली पट्टी गावं के बतावजल जा रहल बा। दारोगा भरत राय के बगल में बइठल व्यक्ति के पहचान बंगाली पट्टी निवासी अभिमन्यु सिंह उर्फ मनु सिंह के रूप में भइल बा। फ़िलहाल दु दिन से SI भारत राय छुट्टी प चल रहल बाड़ें। वीडियो वायरल होखला के बाद भरत राय आ अभिमन्यु सिंह प बिहार शराब अधिनियम के तहत मुकदमा दर्ज क लिहल गइल बा। वायरल वीडियो के संज्ञान में लेत उनकर पदस्थापना के थाना सहाजीतेपुर थाना में प्राथमिकी दर्ज कइल गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-