Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

VIDEO: शख्स प हाथी बरसवलस अइसन प्यार, इश्क के बोझ तले दबके घुटे लागल बेचारा

इंस्टाग्राम Animals Being Epic प शेयर वीडियो में बेबी हाथी के एगो शख्स प अइसन प्यार आइल कि उ ओकरा के जमीन प गिराके ऊपर लद गइल। फेर त इश्क के बोझ संभारल एतना मुश्किल हो गइल, जवना के दर्द चेहरे प झलक पड़ल। फेर त बड़ मुश्किल से हाथी के प्यार से जान छूटल।

1,564

सोशल मीडिया प हाथियन के वीडियो खूब पसंद कइल जाला।असल में जंगली जानवर होखला के बावजूद हाथियन के हरकत लोगन के खूब लुभावेला। ओकनी के शरारत बहुते क्यूट होला। इंसानन प प्यार उड़ेले आ मस्तियो करे में हाथी पीछे ना रहेला। बाकिर एह भारी भरकम जानवर के प्यार कबो कबो भारी पड़ जाला। ठीक ओइसने जइसे वायरल हो रहल वीडियो में दिखाई दे रहल बा।
https://www.instagram.com/reel/Ck3LWYgOEJ6/?igshid=YmMyMTA2M2Y=
इंस्टाग्राम Animals Being Epic प शेयर वीडियो में बेबी हाथी के एगो शख्स प अइसन प्यार आइल कि उ ओकरा के जमीन प गिराके ऊपर लद गइल। फेर त इश्क के बोझ संभारल एतना मुश्किल हो गइल, जवना के दर्द चेहरे प झलक पड़ल। फेर त बड़ मुश्किल से हाथी के प्यार से जान छूटल आ ओकरा प्यार से आजादी मिलल।

हाथी जतवलस अइसन प्यार कि बेदम होखे लागल बेचारा इंसान

वायरल वीडियो में एगो बेबी एलिफैंट लाल टी शर्ट पहिनल शख्स के ऊपर चढ़ल दिखाई देलस। ओकरा अचके शख्स प अइसन प्यार आइल कि ऊ ओकरा के जमीन प गिराके ओकरा ऊपर चढ़ गइल आ प्यार लुटावे लागल। बाकिर ममिला प्यार के होखे भा गुस्सा के, भला हाथी के वजन के के संभार सकत बा। ओह बेचारे के संगहु कुछ अइसने भइल। हाथी के प्यार के बोझ एतना जादे हो गइल कि बेचारा बेदम होखे लागल फेर त चाहियो के एह प्यार के ऊ शख्स पचा ना सकल। जवना के दरद शख्स के शक्ल से साफ ज़ाहिर होत रहे।

हाथी के प्यार में घूटे लागल दम

देखे वालन के ई वीडियो बहुते क्यूट लागी। हाथी के हरकतो खूबे क्यूट बा। बाकिर लागत बा कि बेचारा बेबी एलीफैंट अपना वजन से वाकिफ नइखे। तबे त शख्स के गरे लगला के कोसिस केतना भारी पड़ रहल बा, ऊ ओकर अंदाजा नइखे लगा पा रहल आ अपना कोसिस में लगातार जुटल रहल। बेचारा शख्स हाथी के प्यार से मुक्त होखे के भरपूर कोसिस करत रहल, बाकिर हाथी के हटा पावल एतना आसान कहां होला। लिहाजन बड़ मशक्कत के बाद ऊ अपना ऊपर से बेबी एलिफेंट के हटावे में सफल रहल आ ओकरा बाद ऊ हाथी के बच्चा के गरे लगवलस। वीडियो लोगन के खूब पसंद आ रहल बा। काहेकि हाथी इंसानन से प्यार खूब करेला। बाकिर आगे से तनिका संभर के प्लीज़।

383870cookie-checkVIDEO: शख्स प हाथी बरसवलस अइसन प्यार, इश्क के बोझ तले दबके घुटे लागल बेचारा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.