[the_ad_group id="30365"]

पॉपुलर साउथ एक्ट्रेस रेन्जुशा मेनन के भइल मउत, फंदा से लटकल मिलल शव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दक्षिण फिल्म इंडस्ट्री से बुरा खबर सामने आइल बा। लोकप्रिय मलयालम फिल्म आ टीवी सीरियल अभिनेत्री रेन्जुशा मेनन के अचानक निधन हो गइल। बतावल जात बा कि सोमार के दिने तिरुवनंतपुरम में अपना किराया के अपार्टमेंट में अभिनेत्री के मृत मिलल। अभिनेत्री के शव लटकल मिलल बा। पुलिस ए मामिला के जांच शुरू कs देलस। फिलहाल अबे ले कवनो आधिकारिक बयान नईखे आईल कि मउत कईसे भईल।

पुलिस मामिला के छानबीन में जुटल बिया

बतावल जाता कि घर में उनुकर शव मिलल, ओ घर में अभिनेत्री अपना प्रेमी के संगे रहत रहली। श्रीकार्यम पुलिस ए मउत के जांच शुरू कs देले बिया। अबे ले इ साफ नईखे भईल कि मउत के असली कारण का बा। प्रथम दृष्टया में ई आत्महत्या के मामिला लागत बा। अभिनेत्री के उमिर 35 साल रहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]