पोप फ्रांसिस के निधन: शांति आ करुणा के युग के अंत, कैथोलिक जगत में शोक के लहर

पोप फ्रांसिस के निधन

Share

पोप फ्रांसिस के निधन हो गइल बा, ऊ 88 बरीस का उमिर में आखिरी साँस लिहलन, हालही में पोप फ्रांसिस के रोम के जेमेली अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा. उs फेफड़ा के जटिल संक्रमण से पीड़ित रहले जवना के चलते उनुकर गुर्दा में भी शुरुआती दौर में विफलता देखाई देवे लागल। एकरा से पहिले 2021 में उनुका के रोम के उहे जेमेली अस्पताल में 10 दिन खातीर भर्ती करावल गईल रहे।

सांता मार्टा आवास पs निधन

वेटिकन के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि, पोप फ्रांसिस के निधन ईस्टर सोमार 21 अप्रैल 2025 के 88 साल के उमर में उनुका आवास कासा सांता मार्टा स्थित, वैटिकन में भईल।

पोप फ्रांसिस के साधारण जीवन

पोप फ्रांसिस अपना सादगी, करुणा आ गरीबन खातिर सहानुभूति खातिर जानल जालें। उs साधारण जीवन जीए के मिसाल कायम कईले बाड़े। पोप अक्सर सामाजिक न्याय, पर्यावरण संरक्षण, शरणार्थियन के अधिकार, आ धार्मिक सहिष्णुता जइसन मुद्दा पs खुल के बोलत रहले.

पोप दिहले रहले ईस्टर के शुभकामना

अमेरिकी उपराष्ट्रपति जे डी वेंस अतवार के दिने पोप फ्रांसिस से भेंट कइलन. जे डी वेंस से मिले के अलावा पोप फ्रांसिस ईस्टर पs सेंट पीटर्स स्क्वायर में हजारन लोग के आशीर्वाद देवे खातिर सार्वजनिक रूप से भी नजर अइले। एह मौका पs लोगन के भीड़ ताली बजा के उनुकर स्वागत कइलस. लोग के ईस्टर के शुभकामना देत पोप फ्रांसिस कहले रहले कि, भाई-बहिन लोग, ईस्टर के शुभकामना! 

इहो पढ़ीं: वक्फ कानून के बाद अब UCC के बारी? BJP जारी कईलस वीडियो

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-