Poll Of Exit Polls 2023: कर्नाटक में बीजेपी, कांग्रेस आ जेडीएस के मिली केतना सीट? पोल ऑफ एक्जिट पोल्स में जानि

Minee Upadhyay

 

कर्नाटक चुनावी पोल ऑफ एग्जिट पोल : कर्नाटक में बुधवार (10 मई) के मतदान खतम होखला के बाद महीना भर चलत चुनाव के हंगामा खतम हो गईल। अब सब लोग रिजल्ट के इंतजार में बा जवन 13 मई के आई। 224 सदस्यीय राज्य विधानसभा में बहुमत खातिर 113 के जादुई आंकड़ा के छूवल जरूरी बा। चुनाव के नतीजा से पहिले देखे कर्नाटक के एग्जिट पोल। अधिकांश एग्जिट पोल में कांग्रेस के सबसे बड़ पार्टी के रूप में उभर के आवे के अनुमान लगावल गईल बा।

वोटर के एग्जिट पोल के मुताबिक कर्नाटक में कांग्रेस के अधिकतम सीट मिले के उम्मेद बा। जबकि भाजपा दुसरका नंबर पे फिसलत लउकत बा। एग्जिट पोल के मुताबिक कर्नाटक में कांग्रेस के 100-112 सीट मिले के संभावना बा। उहें भाजपा के 83-95 सीट, जेडीएस के 21-29 सीट अवुरी बाकी के 2-6 सीट मिले के उम्मेद बा। इंडिया टुडे-एक्सिस माई इंडिया पोल में कांग्रेस के 122-140 सीट, भाजपा के 62-80 सीट, जेडीएस के 20-25 सीट अवुरी बाकी के 0-3 सीट के अनुमान लगावल गईल बा।

एग्जिट पोल का कहत बा?

आज के चाणक्य के एग्जिट पोल में कांग्रेस के 120 सीट मिले के अनुमान लगावल गईल बा। जबकि भाजपा के 92 सीट आ जेडीएस के 12 सीट मिले के उमेद बा। ज़ी न्यूज-मैट्रिक्स के एग्जिट पोल में कांग्रेस के 103-118 सीट के अनुमान लगावल गइल बा। जबकि भाजपा के 79-94 सीट मिलत लउकत बा। जेडीएस के 25-33 सीट मिल सकेला आ दोसरा के 2-5 सीट मिल सकेला।

कुछ में कांग्रेस आगे बिया त कुछ में भाजपा

टीवी-9 अवुरी पोलस्ट्रैट के ओर से भईल एग्जिट पोल में कांग्रेस के 99-109 सीट मिल सकता, जबकि भाजपा के 88-98 सीट मिले के अनुमान लगावल गईल बा। एह एग्जिट पोल में जेडीएस के 21-26 सीट मिल रहल बा आ दोसरा के 0-4 सीट मिल रहल बा।

न्यूज नेशन अवुरी सीजीएस के एग्जिट पोल में भाजपा के एकलौता सबसे बड़ पार्टी घोषित क दिहल गईल बा। ए सर्वेक्षण के मुताबिक भाजपा के 114 सीट मिले के संभावना बा। कांग्रेस के 86 सीट मिले के अनुमान लगावल गइल बा. जबकि जेडीएस के 21 सीट मिल सकेला आ दोसरा के 3 सीट मिल सकेला। रिपब्लिक टीवी-पी मार्कक्यू के एग्जिट पोल में कांग्रेस के 94-108 सीट, भाजपा के 85-100 सीट, जेडीएस के 24-32 सीट के अनुमान लगावल गइल बा।

टाइम्स नाउ-ईटीजी के एग्जिट पोल में कांग्रेस के 113 सीट, भाजपा के 85 सीट, जदएस के 23 सीट अवुरी बाकी के 3 सीट के अनुमान लगावल गईल बा। सुवरना न्यूज-जन की बात के एग्जिट पोल में कांग्रेस के 91-106 सीट, भाजपा के 94-117 सीट, जेडीएस के 14-24 सीट अवुरी बाकी के 0-2 सीट के अनुमान लगावल गईल बा।

 

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।