BJP में सामिल होखला के बाद आरसीपी सिंह JDU के बतवलें ‘भूजा पार्टी’, बोललें- नीतीश बाबू ‘PM’ हवे आ पीएम रहिहें 

By Anurag Ranjan

Published on: May 11, 2023

पूर्व केंद्रीय मंत्री आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष रहल आरसीपी सिंह बियफे के भाजपा में सामिल हो गइलें। केंद्रीय मंत्री धर्मेंद्र प्रधान आ अरुण सिंह आरसीपी सिंह के भाजपा के सदस्यता दिलवलें। भाजपा में सामिल

Share

पूर्व केंद्रीय मंत्री आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष रहल आरसीपी सिंह बियफे के भाजपा में सामिल हो गइलें। केंद्रीय मंत्री धर्मेंद्र प्रधान आ अरुण सिंह आरसीपी सिंह के भाजपा के सदस्यता दिलवलें। भाजपा में सामिल होखला के बाद आरसीपी सिंह  जमके नीतीश कुमार पs जुबानी हमला बोललें।

आरसीपी सिंह कहलें कि पहिले हमार जे नेता रहे, ऊ कहत रहलें कि देस में कवनो काम नइखे हो रहल। हम उनका के कइयन बेर  आईना देखावे के कोसिस कइनी। नीतीश बाबू बताई कि कइसे आज भारत विश्व के पांचवां सबसे बड़ अर्थव्यवस्था हs। नीतीश जी बतवलें कि देस कहां चल गइल बा आ बिहार आजो कहां बा।

नया-नया भाजपाई बनल आरसीपी सिंह नीतीश कुमार के विपक्षी एकता के मिशन पs टिप्पणी कइल गइल। ऊ कहलें कि आज एगो प्रदेश के सीएम तीन राज्यन के दौरा कर रहल बा। बिहार में भ्रष्टाचार, नौकरी के मुद्दा के बात के छोड़के नीतीश जी विपक्षी एकता के बात कर रहल बाड़े। विपक्ष के नेता के हs। बिना कवनो नेता के विपक्ष होला का?

ऊ आगे कहलें कि नीतीश कुमार के सी शब्द से परेम बा। ए घरी ऊ कुर्सी के चक्कर में लागल बाड़ें। उनका बिहार के आगे नइखे ले जाये के। आज बिहार में सब तार-तार बा। 2005 में राज्य में बड़ मुश्किल से कानून के राज्य स्थापित कइल गइल रहे। अब 2005 से बुरा इस्थिति बा। नीतीश कुमार जवना आरजेडी के भ्रष्टाचार के विरोध कइले रहस, आज ओकरे गोदी में जाके बइठल बाड़ें।

आरसीपी सिंह पीएम के मतलब समझवलें

ऊ आगे कहलें कि नीतीश बाबू पीएम बाड़ें आ पीएम रहिहें। पीएम माने पलटीमार। रउआ कईयन बेर देस के संगे विश्वासघात कइनी। एकरा से देस के विकास ना होला। बिहार में जदयू के हम गांवे-गांव पहुंचवनी। बिहार में नीतीश कुमार के कुछ ना बचीं।  ऊ रहिहें आ उनकर राष्ट्रीय अध्यक्ष रहिहें आ भूजा पार्टी रही।

सिंह अपना भाजपा में सामिल होखला पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, जेपी नड्डा आ अमित शाह के धन्यवाद देलें। ऊ कहलें कि भगवान हमरा के ताकत दिहीं कि एह देस के आ प्रदेश के सेवा कs सकीं। ई हमरा खातिर गौरव के क्षण बा कि आज हम भाजपा में सामिल भइनी।

ऊ कहलें कि विश्व में सबसे बड़ लोकतंत्र भारत हs आ सबसे बड़ पार्टी भाजपा हिया। हमरा एमें सामिल होखे पs गरब बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.