Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Nikay Chunav: दूसरका चरण के मतदान जारी, 39 हजार उम्मीदवारन के भाग्य के फैसला 1.92 करोड़ वोटर के हाथ में

551

UP Nikay Chunav 2023: उत्तर प्रदेश में शहरी स्थानीय निकाय चुनाव के दूसरा आ अंतिम चरण बियफे के उत्तर प्रदेश के 38 जिलन में सबेरे 7 बजे सुरू हो गइल बा। मतदान सांझ 6 बजे समाप्त हो जाई।

दूसरका चरण में कुल 1.92 करोड़ पंजीकृत मतदाता लोग वोट डाली आ 6,929 पदन खातिर चुनाव लड़ रहल 39,146 उम्मीदवारन के भाग्य के फैसला करी लो।

चंदोली के कुछ पोलिंग बूथन पs पुनर्मतदान

जानकारी के मोताबिक, 38 जिलन के अलावे राज्य चुनाव आयोग (एसईसी) चंदौली जिला के चकिया नगर पंचायत के वार्ड नंबर तीन पs पुनर्मतदान हो रहल बा। इहां कुछ तकनीकी खराबी के कारण 4 मई के पहिला चरण के मतदान ना हो सकल रहे।

एह जिलन में हो रहल बा चुनाव 

निर्वाचन आयोग के मोताबिक जवन 38 जिलन में मतदान होई ओमे मेरठ, हापुड़, गौतम बुद्ध नगर, गाजियाबाद, बागपत, बुलंदशहर, बरेली, बदायूं, शाहजहांपुर, पीलीभीत, अलीगढ़, हाथरस, कासगंज, एटा, कानपुर नगर, फर्रुखाबाद, इटावा सामिल बा। एकरा अलावे कन्नौज, औरैया, कानपुर देहात, चित्रकूट, हमीरपुर, महोबा, बांदा, अयोध्या, सुल्तानपुर, अंबेडकर नगर, बाराबंकी, अमेठी, बस्ती, संत कबीर नगर, सिद्धार्थनगर, आजमगढ़, मऊ, बलिया, मिर्जापुर, सोनभद्र आ भदोही सामिल बा।

सात नगर निगमन में हो रहल बा वोटिंग 

राज्य निर्वाचन आयुक्त मनोज कुमार कहलें, “मेरठ, गाजियाबाद, बरेली, शाहजहाँपुर, अलीगढ़, कानपुर नगर आ अयोध्या सहित 590 वार्डन वाला कुल सात नगर निगमन में, 1798 मतदान केंद्रन में कुल 6111 मतदान केंद्र बनावल गइल बा। ” दरअसल, कुल 39.69 लाख पुरुष मतदाता आ 34.57 लाख महिला मतदाता सात शहरन में 83 महापौर उम्मीदवारन आ 3,849 नगरसेवक उम्मीदवारन के भाग्य के फैसला करी लो। नौ पार्षद पहिलही निर्विरोध निर्वाचित हो चुकल बा लो।

नगरपालिका परिषद में 969 उम्मीदवार

एही तरे नगर पालिका परिषद में 95 अध्यक्ष पद खातिर 969 प्रत्याशी मैदान में बा लो, जबकि 2520 सदस्य पद खातिर 13315 प्रत्याशी मैदान में बा लो। नगर पालिका परिषद चुनाव में कुल 38.88 लाख पुरुष मतदाता आ 34.44 लाख महिला मतदाता लोगन के मतदान करे के उम्मीद बा। नगर पालिका परिषद के कुल 31 सदस्य पहिलही निर्विरोध निर्वाचित हो चुकल बा लो।

नगर पंचायत अध्यक्ष खातिर 2942 उम्मीदवार

नगर पंचायत में 267 अध्यक्ष पद खातिर 2942 प्रत्याशी मैदान में बा लो आ नगर पंचायत में 3459 सदस्य पद खातिर 17997 प्रत्याशी मैदान में बा लो। नगर पंचायत चुनावन में कुल 23.61 लाख पुरुष मतदाता आ 21.13 लाख महिला मतदाता लोगन के मतदान करे के उम्मीद बा। नगर पंचायत के कुल एगो अध्यक्ष आ 36 सदस्य पहिलही निर्विरोध निर्वाचित हो चुकल बा लो।

541590cookie-checkUP Nikay Chunav: दूसरका चरण के मतदान जारी, 39 हजार उम्मीदवारन के भाग्य के फैसला 1.92 करोड़ वोटर के हाथ में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.