जीतन राम मांझी के बयान प सियासी घमासान, तेजस्वी देले सफाई; कहलें- महागठबंधन में ऑल इज वेल

Share

बिहार के पूर्व सीएम जीतन राम मांझी के बयान प सूबा में सियासी घमासान जारी बा। पिछला दिनन में मांझी कहले रहस कि नीतीश कुमार जदि राज्यहित में पाला बदलत बाड़े त उनका एह फसीला के हम स्वागत करेम। एह बीच डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव जहानाबाद में कहले कि महागठबंधन पूरा तरे से मजबूत बा।

जहानाबाद में सोमार के एगो कार्यक्रम में पहुंचले तेजस्वी कहले कि बिहार में बीजेपी के एको ना चली। भाजपा के सारा तिकड़म के फेल क दिहल गइल बा। तेजस्वी कहले कि हम सभे के संगे  लेके विकास के काम करेम। बिहार के आगे बढ़ाएम। हम आपन सारा कमिटमेंट के पूरा करेम। महागठबंधन के सभे सात दल एकजुट बा। ऊ कहले कि आउर राज्यन में जवना तरे से बीजेपी तोड़फोड़ के राजनीति कर रहल बिया, ओकर ई नीति बिहार में ना चले दियाई।

तेजस्वी आगे कहले कि महागठबंधन के सरकार फेर से बनते मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के नेतृत्व मे नौकरी देवे के काम शुरू हो गइल बा। एकर नकल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी तक कइल चाहत बाड़े बाकिर ऊ ढोंग रच रहल बाड़े। डिप्टी सीएम अपना संबोधन में इहो कहले कि जहानाबाद जिला के बेहतरी खातिर योजनाबद्ध ढंग से ऊ काम करिहें। जनता उनका प विश्वास कइलें बिया। हम ओह लो के विश्वास प खड़ा उतरेम आ ओह लो के भरोसा के टूटे ना दिहल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-