छपरा। सारण पुलिस आ एसओजी के टीम संयुक्त रूप से कार्रवाई करत जिला के कुख्यात अभिषेक कुमार उर्फ गोधन सिंह के दुगो आउर साथियन के गिरफ्तार कs लेलस। गोधन के गिरफ्तारी पुलिस खातिर बड़ सफलता मानल जा रहल बा। पुलिस दुगो देसी कट्टा जब्त कइले बिया। गोधन पs लूट, हत्या, रंगदारी, छिनतई आ चोरी के कइयन दर्जन ममिला दर्ज बा। जेमे पुलिस के एकर तलाश रहे। गोधन मुफस्सिल थाना क्षेत्र के मेहिया गांव के रहे वाला बा। जवना के आतंक सारण आ आसपास के जिलन में बा।
गोधन के संगे ओकरा दुगो आउर साथियन के गिरफ्तारी भइल बा, जेकनी के पहचान मुफस्सिल थाना क्षेत्र के मेहिया गांव निवासी रितेश सिंह पिता जयराम सिंह आ खलपुरा गांव निवासी अभिमन्यु कुमार, पिता राम राय के रूप में भइल बा। रितेश आ अभिमन्यु पs कइयन गो ममिला दर्ज बा। बैंक लूट के योजना बनावत सब आरोपियन के चांदमारी गांव से गिरफ्तार कइल गइल बा।
लूट के ममिला में फरार रहे गोधन सिंह
एह ममिला में एसपी कुमार आशीष प्रेस वार्ता करत बतवलें कि गोधन सिंह गैंग ऑपरेट करत रहे। ओकरा पs डेढ़ दर्जन से जादे लूट आ डकैती के ममिला दर्ज बा। जवना में ऊ फरार चलत रहे। सारण पुलिस आ एसटीएफ के एसओजी 7 के टीम संयुक्त रूप से कार्रवाई करत चांदमारी गांव से गिरफ्तार कइले बिया। गोधन अपना आउर साथियन के संगे बैंक लूट के घटना के अंजाम देवे के फिराक में रहे।
गोधन सिंह के आउर सथियन पs होई कार्रवाई
तीनो बदमाशन के दुगो देसी कट्टा, तीन जिंदा कारतूस आ तीन मोबाइल के संगे गिरफ्तार कइल गइल बा। पूछताछ के क्रम में अपराधी बतवलें सs कि ऊ बैंक लूटे के योजना बनवले रहलें सs। जवना के समय रहते सारण पुलिस विफल कs देले बिया। एकनी के आउर सहजोगियन के पहचान कइल जा रहल बा। जेकनी पs कार्रवाई कइल जाई।
Read Also: पुष्पा 2′ के स्पेशल स्क्रीनिंग में पहुंचले अल्लू अर्जुन, मचल भगदड़, 1 के मउत