[the_ad_group id="30365"]

पंजाब के मानसा में बड़ बवाल, किसान आ पुलिस के बीच हिंसक झड़प, SHO के दुनु हाथ टूटल

पंजाब के मानसा में किसान आ पुलिस के बीच हिंसक झड़प
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब के मानसा में बड़ बवाल मच गइल बा. किसान अवुरी पुलिस के बीच भईल हिंसक झड़प में बहुत पुलिसकर्मी घाही हो गईल बाड़े। विरोध करत किसानन पs पुलिस लाठीचार्ज कइलस. किसान पुलिस पs भी पथराव कइले। एह हिंसक झड़प में थाना के तीन प्रभारी आ कई गो पुलिसकर्मी घवाहिल हो गइल बाड़े. एसएचओ भीखी के दुनो हाथ टूट गईल बा। दूसर ओर कुछ किसानन के घायल होखे के खबर भी सामने आ रहल बा। सभे घाही के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। 

गैस पाइपलाइन के लेके चल रहल बा विवाद
बतावल जाता कि मानसा के लेलेवाला गांव में पुलिस अवुरी किसान के बीच तिखा झड़प भईल। झड़प के दौरान किसान अवुरी पुलिस अधिकारी समेत बहुत लोग घाही हो गईले। मानसा से लेलेवाला ले किसान मार्च के चलते तनाव बढ़ गईल। गुजरात गैस पाइपलाइन परियोजना के लेके किसान सरकार से मतभेद में बाड़े। पुलिस के कहल बा कि जब किसान आन्दोलित हो गईले तs लाठीचार्ज के सहारा लेवे के पड़ल। एसएचओ भिखी के गंभीर चोट आईल। उनुका दुनो हाथ में गंभीर चोट आईल बा। झड़प के दौरान थाना के दुगो अवरू अधिकारी अवरू कई पुलिस अधिकारी घाही हो गईले।

जानकारी के मुताबिक सभ किसान तलवंडी साबो से मानसा वाया संगरूर के ओर आवत रहले।  बतावल जाता कि पुलिस किसान के तितर-बितर करे खातीर लाठीचार्ज के सहारा भी लेलस। एकरा में कुछ किसान भी घायल हो गईले। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]