PM मोदी NDA के 430 सांसदन से मिलिहें: आज पहिला बैठक; एमे UP, बुंदेलखंड, ओडिशा, झारखंड आ बंगाल के 83 सांसद मवजूद रही लो

Share

PM नरेंद्र मोदी 31 जुलाई माने आज से नेशनल डेमोक्रेटिक अलायंस (NDA) के सांसदन से मिले के सुरुआत करिहें। अगिला 10 दिनन में PM के NDA के 430 से जादे सांसदन से मुलाकात के प्लान बा।

आज मोदी उत्तर प्रदेश के पश्चिम हिस्सा, कानपुर, बृज, बुंदेलखंड, पश्चिम बंगाल, झारखंड आ ओडिशा के 83 सांसदन से मिलिहें। ई मुलाकात दु चरणन में सांझ 6.30 आ 7.30 बजे होई।

पहिला बैठक में भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा आ केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी आ दूसरका बैठक में गृह मंत्री अमित शाह आ रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह शिरकत करी लो। एह दौरान 21 केंद्रीय मंत्री मेजबानी करी लो।

ई पहिला बेर हs, जब NDA के सांसद क्षेत्रवार पीएम से मिल रहल बा लो। 18 जुलाई के नेशनल डेमोक्रेटिक अलायंस के 25 साल पूरा होखाला पs घटक के 39 दलन के बैठक भइल रहे।

एह बैठकन के दौरान PM मोदी 2024 के आम चुनाव के लेके रणनीति तइयार कs सकत बाड़ें। कहल जा रहल बा कि भाजपा लोकसभा चुनाव में 50 फीसदी वोट शेयर सुरक्षित करे के तइयारी कs रहल बिया।

भाजपा सांसदन के 11 क्लस्टर्स में बटलस

भाजपा NDA के 430 सांसदन के 11 क्लस्टर्स (क्षेत्रन) में बंटले बिया। मोदी आ सांसदन के बीच बैठकन के तइयारी केंद्रीय मंत्री संजीव बालयान, बीएल वर्मा, धर्मेंद्र प्रधान आ शांतनु ठाकुर कs रहल बा लो।

तीसरका आ चउथका क्लस्टर्स के सांसदन के संगे मोदी के बैठक 2 अगस्त के होई। एमे उत्तर प्रदेश के गोरखपुर आ अवध, तेलंगाना, आंध्र प्रदेश, तमिलनाडु, कर्नाटक, केरल, पुडुचेरी, अंडमान आ निकोबार आ लक्षद्वीप से 96 सांसद सामिल होई लो

3 अगस्त के 5वां आ छठा क्लस्टर के बैठक में बिहार, दिल्ली, हिमाचल प्रदेश, पंजाब, चंडीगढ़, हरियाणा, उत्तराखंड, जम्मू आ कश्मीर, लद्दाख के 63 सांसद सामिल होई लो।

राजस्थान, महाराष्ट्र आ गोवा के 76 सांसदन से PM मोदी 8 अगस्त के मुलाकात करे वाला बाड़ें। 9 अगस्त के मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, गुजरात, दादर आ नगर हवेली, दमन आ दीव के 81 सांसदन से बातचीत होई। एकरा अलावे भाजपा जल्दिये पूर्वोत्तर क्षेत्र के 31 सांसदन से PM के मुलाकात के तारीख तय करी।

का होई एजेंडा

PM के संगे होेखे वाली बैठकन के दौरान सांसद अपना क्षेत्रन में काम, केंद्रीय योजनन के मवजूदा इस्थिति पs बात कs सकत बाड़ें। संगही पीएम लोगन से जुड़े खातिर सांसदन के सुझाव दे सकत बाड़ें।

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-