[the_ad_group id="30365"]

भारतीय एयरपोर्ट्स पs सबसे जादे जब्त होला पावर बैंक: BCAS डायरेक्टर जनरल बोललें- हर दिन मिलेला 25,000 प्रतिबंधित वस्तु

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस के एयरपोर्ट्स पs चेकिंग के दौरान सबसे जादे पावर बैंक जब्त कइल जाला। ब्यूरो ऑफ सिविल एविएशन (BCAS) के मोताबिक एयरपोर्ट्स पs हवाई यात्रियन से हर दिन लगभग 25,000 प्रतिबंधित वस्तुअन के जब्त कइल जाला। एमे से 44% पावर बैंक होला। BCAS के डायरेक्टर जनरल जुल्फिकार हसन दिल्ली में BCAS मुख्यालय में एविएशन सिक्योरिटी कल्चर वीक-2023 के उद्घाटन के दौरान ई जानकारी देलें।

ऊ बतवलें कि हम हर दिन देस के सब एयरपोर्ट्स पs लगभग 8 लाख हैंडबैग आ 5 लाख चेक-इन बैगेज के जांच कइल जाला। एह दौरान हमनी के लगभग 25,000 प्रतिबंधित वस्तु मिलेली सs। ई वस्तु सुरक्षाकर्मियन के समय बर्बाद करेली सs आ धेयान भटकावेली सs। एकरा से लोगन के चेक-इन आ चेक-आउट करे में जादे समय लागेला।

प्रतिबंधित वस्तुअन में पावर बैंक आ लाइटर सबसे जादे मिलल

जुल्फिकार हसन आगे बतवलें कि जब्त कइल गइल प्रतिबंधित वस्तुअन में पावर बैंक (44%), बैटरी (18%), आ लैपटॉप (11 %) रहेला। एकरा अलावे हैंड बैगेज में लाइटर (26%), कैंची (22%), चाकू (16%) आ तरल पदार्थ (14%) पावल जाला। हसन बतवलें कि हर दिन 3,300 उड़ानन में 4.8 लाख यात्री यात्रा करेला लो।

केबिन बैगेज में ले जा सकत बानी पावर बैंक

पावर बैंकन में लिथियम आयन बैटरी होला, जवना के इंटरनेशनल एयर ट्रांसपोर्ट एसोसिएशन खतरनाक मानेले। जदि लिथियम आयन बैटरियन के सही से ना रखल जाव तs एमे विस्फोट के खतरा होला।

पैसेंजर्स केबिन बैगेज में अपना संगे पावर बैंक ले जा सकत बा लो। हालांकि, चेक-इन बैगेज में पावर बैंक सहित आउर ज्वलनशील प्रोडक्ट बैन बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]