ISRO सिंगापुर के 7 सैटेलाइट लॉन्च कइस; एमे 360 किलो वजन वाला DS-SAR, जवन हर मौसम में दिन-रात हाई रेजोल्यूशन तस्वीर ली 

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 30, 2023

भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (ISRO) के श्रीहरिकोटा अंतरिक्ष केंद्र से सिंगापुर के सात सैटेलाइटन के आज सबेरे 6.30 बजे लॉन्च कइल गइल। ई लॉन्चिंग 44.4 मीटर लमहर PSLV-C56 रॉकेट से कइल गइल बा। PSLV के

Share

भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (ISRO) के श्रीहरिकोटा अंतरिक्ष केंद्र से सिंगापुर के सात सैटेलाइटन के आज सबेरे 6.30 बजे लॉन्च कइल गइल। ई लॉन्चिंग 44.4 मीटर लमहर PSLV-C56 रॉकेट से कइल गइल बा।

PSLV के ई 58वां उड़ान हs। भेजल गइल सात सैटेलाइटन में सबसे अहम DS-SAR सैटेलाइट हs।

DS-SAR सैटेलाइट के का बा काम

DS-SAR सैटेलाइट के सिंगापुर के रक्षा विज्ञान आ प्रौद्योगिकी एजेंसी (DSTA) आउर सिंगापुर के ST इंजीनियरिंग के बीच साझेदारी के तहत डेवलप कइल गइल बा। सिंगापुर सरकार के अलग-अलग एजेंसियन के उपग्रह से प्राप्त होखे वाली तस्वीरन संबंधी जरूरतन के पूरा करे खातिर एह इस उपग्रह के उपयोग कइल जाई।

ST इंजीनियरिंग अपना कमर्शियल कस्टमर्स के मल्टी-मॉडल आ हाई क्वालिटी वाला तस्वीर आ जियो स्टेशनरी सर्विस मुहैया करावे खातिर एकर उपयोग करी। DS-SAR में ‘इजराइल एयरोस्पेस इंडस्ट्रीज’ (IAI) के डेवलप कइल गइल ‘सिंथेटिक अपर्चर रडार’ (SAR) पेलोड बा। एकरा मदद से DS-SAR हर मौसम में दिन-रात में एक मीटर-रेजॉल्यूशन के तस्वीरन के लेवे में सक्षम बा।

इहो छव सैटेलाइट भइल लॉन्च…

1. VELOX-AM: ई 23 किलोग्राम के टेक्नोलॉजी डिमॉन्स्ट्रेटर माइक्रोसैटेलाइट हs।

2. ARCADE: इहो एगो प्रायोगिक सैटेलाइट हs।

3. SCOOB-II: इहो एगो 3U नैनोसैटेलाइट है, ताकि एगो खास तरह के टेक्नोलॉजी डिमॉन्स्ट्रेशन के टेस्ट कइल जा सके।

4. NuLIoN: ई एगो अत्याधुनिक 3U नैनोसैटेलाइट हs।। एकरा माध्यम से बिना कवनो बाधा के शहरन आ सुदूर इलाकन में इंटरनेनट ऑफ थिंग्स के सुविधा प्रदान कइल जाई।

5. Galassia-2: इहो एगो 3U नैनोसैटेलाइट हs, जवना के धरती के निचली कक्षा में स्थापित कइल जाई।

6. ORB-12 STRIDER: ई इंटरनेशनल कोलैबोरेशन के तहत बनल सैटेलाइट हs। एसे सिंगापुर के एलियेना पीटीई लिमिटेड कंपनी बनवले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.