हवामहल में चाय पिहें PM मोदी आ फ्रांस के राष्ट्रपति मैक्रों, आजु जयपुर में अउरी कहां-कहां जइहें ? अइसन बा मिनट टू मिनट कार्यक्रम

Share

 

अबकी बेर भारत के 75वां गणतंत्र दिवस के मेहमान फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों हउवें बाकिर ओकरा से महज एक दिन पहिले आजु मैक्रों जयपुर चहुँपत बाड़न। फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों जयपुर में पीएम मोदी से तs भेंट करीहें बलुक दुनु जने त्रिपोलिया से सांगानेरी गेट ले रोड शो भी करइहें। दुनो नेता के इs रोड शो करीब डेढ़ किलोमीटर लंबा होई। एह दौरान पीएम मोदी फ्रांस के राष्ट्रपति के भारत के संस्कृति के झलक देखइहें।

मैक्रों फ्रांस के छठवाँ नेता हउवें जे गणतंत्र दिवस में शामिल भइले।

दुनो देश के राष्ट्रपति के बीच भईल द्विपक्षीय बातचीत से ओ महत्वाकांक्षी रणनीतिक साझेदारी के मजबूती मिली, जवना के घोषणा पछिला साल जुलाई में मोदी के पेरिस यात्रा के दौरान भईल रहे। मैक्रों 26 जनवरी के दिल्ली में होखे वाला 75वां गणतंत्र दिवस समारोह के मुख्य अतिथि बाड़े। एह भव्य आयोजन में शामिल होखे वाला ऊ फ्रांस के छठवाँ नेता होखीहें।

VVIP दौरा के मिनट टू मिनट के कार्यक्रम

1-फ्रांस के राष्ट्रपति मैक्रों दुपहरिया 2:30 बजे विशेष विमान से जयपुर हवाई अड्डा पहुंच जइहें।

2– जयपुर हवाई अड्डा से दुपहरिया 2:45 बजे रवाना होखी आ दुपहरिया 3:15 बजे आमेर किला चहुँप जाई।

3-इमैनुएल मैक्रों आमेर किला में करीब 2 घंटा रहीहें, फ्रांस के राष्ट्रपति के अइला पs एहिजा सांस्कृतिक कार्यक्रम आयोजित कइल जाई।

4– आमेर किला से जंतर मंतर खातीर रवाना होहिहें शाम 5:15 बजे।

5– प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शाम 4:35 बजे जयपुर हवाई अड्डा पहुंच जइहें।

6– हवाई अड्डा से निकल के शाम के करीब पांच बजे सिटी पैलेस पहुंची।

7-सिटी पैलेस से जंतर मंतर पहुंची शाम 5:20 बजे।

8– पीएम मोदी साँझ साढ़े पाँच बजे जंतर मंतर में इमैनुएल मैक्रों के स्वागत करीहें।

9– इहाँ 15 मिनट ले दुनो नेता के बीच बातचीत होई।

10– एकरा बाद इहाँ भव्य जुलूस निकालल जाई।

11– प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों साँझ करीब 6:15 बजे हवा महल चहुँप जइहें।

12– प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी फ्रांसिस राष्ट्रपति हवा महल के सोझा चाय पीहे।

13– हवा महल से साँझ 6:35 बजे रवाना होई आ करीब 6:45 बजे होटल रामबाग पैलेस पहुंची।

14– अल्बर्ट हॉल के सामने हवा महल से निकल के होटल रामबाग पैलेस जइहे, होटल रामबाग पैलेस में रात के खाना खइहें।

15– रात के करीब 8:25 बजे रामबाग पैलेस से निकलीहें आ रात 8:50 बजे जयपुर हवाई अड्डा पहुंचीहें।

स्वागत राजस्थानी अंदाज में होई

जंतर मंतर में फ्रांस के राष्ट्रपति के राजस्थानी अंदाज में स्वागत कइल जाई। एह दौरान राजस्थानी संगीत के एगो कार्यक्रम के आयोजन भी भइल बा। जंतर मंतर से निकलला के बाद पीएम मोदी आ इमैनुएल मैक्रों हवा महल जइहें जहाँ प्रधानमंत्री मोदी आ मैक्रों सेल्फी लीहें। ए दौरान दुनो नेता हवा महल के सोझा चाय भी पीहे। हस्तशिल्प के दुकान से भी खरीदारी कs सकेनी। हवा महल से निकलला के बाद दुनो नेता होटल रामबाग पैलेस जइहें जहां मॉड्यूलर परमाणु रिएक्टर के परियोजना समेत बहुत महत्वपूर्ण मुद्दा पs चर्चा होई।

एकरा से पहिले फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों सीधे हवाई अड्डा से आमेर किला जइहें जहाँ उनुका दीवाने आम, शीश महल देखे के मिली। एकरा संगे शीश महल से केसर क्यारी के खूबसूरती भी देखाई दिही। इमैनुएल मैक्रों के यात्रा के लेके जयपुर में बहुत उत्साह बा, पूरा शहर के सजावल गईल बा। अब बस राष्ट्र के मेहमान के इंतजार।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-