ममता बनर्जी के कार के एक्सीडेंट, हादसा में सीएम घायल, जानीं कइसे भइल दुर्घटना

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 24, 2024

  ममता बनर्जी कार दुर्घटना : पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री अवुरी तृणमूल कांग्रेस के प्रमुख ममता बनर्जी बुध (24 जनवरी) के भईल एगो कार दुर्घटना में घाही हो गईली। अयीसना में उनुका मामूली चोट लागल

Share

 

ममता बनर्जी कार दुर्घटना : पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री अवुरी तृणमूल कांग्रेस के प्रमुख ममता बनर्जी बुध (24 जनवरी) के भईल एगो कार दुर्घटना में घाही हो गईली। अयीसना में उनुका मामूली चोट लागल बा।

ममता बनर्जी के गाड़ी के दोसरा गाड़ी से टकराए से बचे खातीर अचानक रोक दिहल गईल। एही चलते इs दुर्घटना भईल। समाचार एजेंसी एएनआई के मुताबिक इs हादसा बर्धामन से कोलकाता लवटत घरी भईल। अचानक बनर्जी के काफिला के सोझा एगो अवुरी गाड़ी आ गईल अवुरी उनुकर गाड़ी तुरंत ब्रेक लगा देलस। खराब मौसम के चलते उs हेलीकाप्टर से यात्रा ना करत रहली।

कांग्रेस का कहलस?

कांग्रेस महासचिव जयराम रमेश कहले कि हम अबे कार एक्सीडेंट में ममता बनर्जी के घायल होखे के बात सुनले बानी। हमनी के उनुका जल्दी ठीक होखे के कामना बा। उs आगे कहले कि भारत जोडो न्याय यात्रा बीयफ़ें (25 जनवरी) के सबेरे पश्चिम बंगाल में प्रवेश करी।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.