US: अमेरिका में PM मोदी के होई ऐतिहासिक स्वागत, आधिकारिक डिनर के बाद बाइडन परिवार के निजी भोज में होइहें सामिल

Anurag Ranjan

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आवे वाला 19 जून से अमेरिका के दौरा पs जाये वाला बाड़ें। पीएम मोदी के एह दौरा के लेके अमेरिका में बहुते उत्साह के माहौल बा आ उहां के सरकार के तरफ से पीएम मोदी के दौरा के लेके लगातार जानकारियन के साझा कइल जा रहल बा। अब खबर आइल बा कि अमेरिका में आधिकारिक डिनर कार्यक्रम के अलावे राष्ट्रपति जो बाइडन के परिवारो पीएम मोदी खातिर डिनर कार्यक्रम के निजी आयोजन करी। 22 जून के पीएम मोदी के सम्मान में स्टेट डिनर के आयोजन कइल जाई। ओहिजा, 21 जून के पीएम मोदी, बाइडन परिवार के निजी आमंत्रण पs डिनर कार्यक्रम में सामिल होइहें।

बाइडन परिवार के संगे निजी डिनर कार्यक्रम में सामिल होइहें पीएम मोदी

बता दीं कि पीएम मोदी, अमेरिका के राष्ट्रपति जो बाइडन आ पहिला महिला जिल बाइडन के बुलावा पs अमेरिका जा रहल बाड़े। एह दौरान पीएम मोदी के अमेरिका में भव्य आ ऐतिहासिक स्वागत कइल जाई। पीएम मोदी 21 जून के वॉशिंगटन पहुंचिहें, जहां सांझ के राष्ट्रपति जो बाइडन आ उनका परिवार के आमंत्रण पs ऊ एगो निजी डिनर कार्यक्रम में सामिल होइहें। जवना के मेजबानी राष्ट्रपति बाइडन आ उनकर पत्नी जिल बाइडन करिहें। हालांकि अभी ले एह डिनर कार्यक्रम के वेन्यू के खुलासा नइखे कइल गइल।

एकरा अगिला दिन माने कि 22 जून के पीएम मोदी के सम्मान में राष्ट्रपति भवन के साउथ लॉन में एगो भव्य डिनर कार्यक्रम के आयोजन कइल जाई। एह स्टेट डिनर में अमेरिका आ भारत के कई नामी-गिरामी लोग सामिल होई। ई एगो भव्य आयोजन होई। अइसनो जानकारी बा कि 23 जून के पीएम मोदी अमेरिका के उपराष्ट्रपति कमला हैरिस आ विदेश मंत्री एंटनी ब्लिंकेन के संगे अमेरिकी सरकार द्वारा आयोजित लंच कार्यक्रम में हिस्सा लिहें। एगो अधिकारी बतवलें कि पीएम मोदी के अमेरिका दौरा पs दुनो देसन के बीच तकनीक, शिक्षा, ट्रेनिंग आदि मुद्दन पs बात होई। जल्दिये दौरा के लेके विस्तृत जानकारी सार्वजनिक कइल जाई।

भारतीय मूल के लोगन में भारी उत्साह

पीएम मोदी के अमेरिका दौरा के लेके अमेरिका में रहे वाला भारतीय मूल के लोगन में बहुते उत्साह बा। सईयन के तादाद में भारतीय मूल के लोग बसन में भरके अलग-अलग शहरन से वॉशिंगटन डीसी पहुंची लो। बड़ संख्या में भारतीय लोगन के वॉशिंगटन डीसी आवे के चलते राजधानी में होटल्स फुल हो गइल बा आ होटल के कमरन के किराया बढ़ गइल बा। कइयन गो संगठन न्यू जर्सी आ न्यूयॉर्क जइसन शहरन से भारतीय मूल के लोगन के ले आवे खातिर बसन के इंतजाम कइले बाड़ी सs।

वॉशिंगटन डीसी के लफायेते स्कवायर पार्क में पीएम मोदी भारतीय मूल के लोगन से मिलिहें। एह दौरान कइयन गो सांस्कृतिक कार्यक्रम आयोजित कइल जाई। जाएंगे। 23 जून के पीएम मोदी रोनाल्ड रीगन बिल्डिंग में भारतीय मूल के लोगन के संगे डिनर करिहें। बता दीं कि पीएम मोदी 19 जून के न्यूयॉर्क पहुंचिहें, जहां ऊ इंटरनेशनल योगा डे पs संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय में आयोजित कार्यक्रम में सामिल होइहें।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।