USA: व्हाइट हाउस के लगे बैरीकेड से टकराइल ट्रक, अफरा-तफरी के माहौल, खाली करावल गइल होटल

Share

 

अमेरिका में राष्ट्रपति भवन व्हाइट हाउस के लगे एगो ट्रक व्हाइट हाउस के सुरक्षा में लागल बैरिकेड से टकरा गइल। जवना के चलते उहाँ अराजकता के माहौल बन गईल। सुरक्षा एजेंसियन के जांच में लागल बा आ एहतियात के तौर पे नजदीकी होटल के खाली करा दिहल गइल बा। सोशल मीडिया पे ए बारे में बहुत चर्चा होखता। ए मामला में अभी तक पुलिस के ओर से अवुरी जानकारी नईखे दिहल गईल।

होटल खाली क दिहल गइल

अमेरिका के सीक्रेट सर्विस भी एह घटना के पुष्टि कइले बा। सुरक्षा बैरिकेड से टकराए वाला ट्रक के चालक के गिरफ्तार क लिहल गईल बा। ए दुर्घटना में केहु के घाही होखे के कवनो खबर नईखे। सीक्रेट सर्विस के जवान ए दुर्घटना के जांच में जुटल बाड़े। एकरा संगे एहतियात के तौर पे व्हाइट हाउस के आसपास के सड़क बंद क दिहल गईल बा। हे एडम्स होटल समेत व्हाइट हाउस के लगे कई गो होटलन के खाली करावल गइल बा। घटना के लेके बहुत लोग ट्वीट कईले बाड़े।

सोमवार के रात के करीब 10 बजे भईल इ घटना। जहां घटना लेफेटे स्कवायर के गली नंबर 16 पे भईल। फिलहाल घटना के जांच जारी बा अवुरी इ पता लगावे के कोशिश कईल जाता कि इ दुर्घटना रहे कि एकरा पीछे कवनो साजिश नईखे।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-