ED हिरासत में लेलस तs रो पड़लें तमिलनाडु के बिजली मंत्री सेंथिल बालाजी, मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में भइल कार्रवाई

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 14, 2023

तमिलनाडु के बिजली मंत्री वी सेंथिल बालाजी के प्रवर्तन निदेशालय (ED) के अधिकारी बुध के तड़के छापेमारी पूरा कइला के बाद उनका के पूछताछ खातिर अपना संगे हिरासत में लेके रवाना भइल लो। समाचार एजेंसी

Share

तमिलनाडु के बिजली मंत्री वी सेंथिल बालाजी के प्रवर्तन निदेशालय (ED) के अधिकारी बुध के तड़के छापेमारी पूरा कइला के बाद उनका के पूछताछ खातिर अपना संगे हिरासत में लेके रवाना भइल लो। समाचार एजेंसी एएनआई ई जानकारी देले बा।

ईडी के अधिकारियन के द्वारा हिरासत में लिहल गइला के बाद बिजली मंत्री वी सेंथिल बालाजी रो पड़लें। अधिकारी लोग पूछताछ करे से पहिले बिजली मंत्री के अस्पताल में जांच के खातिर ले गइल।

दिनभर छापेमारी के बाद ईडी कइलस कार्रवाई

मालूम होखे कि कथित मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में डीएमके नेता के करूर इस्थित आवास आ राज्य सचिवालय इस्थित उनका कार्यालय पs दिन भर छापेमारी कइला के बाद ईडी के अधिकारी ई कार्रवाई कइले बा लो। एकरा अलावे करूर में उनकर भाई आ एगो करीबी सहयोगी के ठिकानन पs ईडी द्वारा छापेमारी कइल गइल।

छापेमारी पs का बोललें डीएमके राज्यसभा सांसद?

ओहिजा, डीएमके राज्यसभा सांसद एनआर एलंगो समाचार एजेंसी से कहलें कि मंगर के सबेरे सात बजे तमिलनाडु के बिजली मंत्री वी सेंथिल बालाजी के उनका घर में नजरबंद कs दिहल गइल। काल्ह सबेरे से लेके अब तक 14 जून के रात 2:30 बजे तक उनका के कवनो दोस्त, रिश्तेदार आ उनका वकील से मिले ना दिहल गइल।

गिरफ्तारी के बारे में ना दिहल गइल जानकारी

ऊ आगे कहलें कि सेंथिल के 2 बजे अचानक उठाके ओमंदुरार सरकारी अस्पताल ले जाइल गइल। अइसन लागत बा कि जब उनका के अस्पताल में भर्ती करावल गइल तs उनका होश ना रहे। हमनी के चिकित्सा इस्थिति के सटीक विवरण नइखी जानत बाकिर ई पूरा तरे से अवैध आ असंवैधानिक गिरफ्तारी बा काहेकि गिरफ्तारी के बारे में उनका के भा उनका रिश्तेदारन आ दोस्तन के नइखे बतावल गइल। ऊ आगे कहलें कि ईडी गैरकानूनी काम कइले बिया। हमनी के कानूनी तौर पs एकरा से लड़ेंम सs।

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.