रायसीना डायलॉग के आज उद्घाटन करिहें PM मोदी, कईयो देश के विदेश मंत्री होंहिहें शामिल

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु तीन दिन के ‘रायसीना डायलॉग’ के उद्घाटन करीहें.  ई भारत के भू-राजनीति आ भू-अर्थशास्त्र पs प्रमुख सम्मेलन हवे।  एह सम्मेलन में 125 देशन के प्रतिनिधि भाग लीहें.  एह सम्मेलन के आयोजन 17 से 19 मार्च ले कइल जाई.  एह सम्मेलन के दसवाँ संस्करण में शामिल होखे वाला लोग में न्यूजीलैंड के प्रधानमंत्री क्रिस्टोफर लक्सन, अमेरिकी राष्ट्रीय खुफिया निदेशक तुलसी गबार्ड आ यूक्रेन के विदेश मंत्री आंद्रेई सिबिहा भी शामिल बाड़े।  सूत्र बतवले कि पहिला बेर ताइवान के एगो वरिष्ठ सुरक्षा अधिकारी समेत प्रतिनिधि मंडल के सम्मेलन में शामिल होखे के उम्मेद बा।  इs दुनो पक्ष के बीच सालों से बढ़त सहयोग के दर्शावता।

एहमें 125 देशन के प्रतिनिधि एहमें शामिल होखीहें

एह सम्मेलन के आयोजन थिंक टैंक ‘ऑब्जर्वर रिसर्च फाउंडेशन’ विदेश मंत्रालय के साझेदारी में कर रहल बा.  विदेश मंत्रालय अतवार के दिने कहलस कि एह सम्मेलन में करीब 125 देशन के प्रतिनिधि भाग लीहें.  एहमें मंत्री, पूर्व राष्ट्रपति, सैन्य कमांडर, उद्योग जगत के नेता, तकनीक के दिग्गज कंपनी, शिक्षाविद, पत्रकार, रणनीतिक मामिला के विद्वान आ प्रमुख थिंक टैंक के विशेषज्ञ शामिल होखीहें.  अधिकारी लोग के कहनाम बा कि एs चर्चा में 20 देश के विदेश मंत्री भाग लीहे। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-